घर में घुसके सूतल युवती से दुष्कर्म, शिकायत पर पुलिस दर्ज कइलस केस

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2022

कोठरी में अकेले सूतल एगो युवती से ओकरे पड़ोस के युवक दुष्कर्म कइलस। युवती के शोर मचवले पर जब ओकर माई पहुंचली त युवक ओके पीट के फरार हो गइल। जब एके ले के अगिले

Share

कोठरी में अकेले सूतल एगो युवती से ओकरे पड़ोस के युवक दुष्कर्म कइलस। युवती के शोर मचवले पर जब ओकर माई पहुंचली त युवक ओके पीट के फरार हो गइल। जब एके ले के अगिले दिन दूनों के परिजनों में कहासुनी भइल त युवक युवती के अश्लील फोटो अउरी वीडियो युवती के परिजन के मोबाइल पर वायरल कs दिहलस। कोतवाली पुलिस युवती के तहरीर पs बियफे के युवक के विरुद्ध दुष्कर्म सहित कई गंभीर धारा में मुकदमा दर्ज कइले बा।

कोतवाली थाना क्षेत्र के एक गांव के एगो युवती पुलिस के तहरीर दे के आरोप लगवली कि ऊ 16 सितंबर के रात में घर पे अकेले सूतल रहे। एही बीच पड़ोस के एगो युवक ओकरे कमरा में घुस गइल अउर ओसे दुष्कर्म कइलस। शोर मचवले पs जब ओकर माई पहुंचली त युवक ओके पीट के कहलस कि अगर एह बात के जानकारी केहू के दीहलस त हम एकर अश्लील फोटो वायरल कर देब। जब एकर खबर परिवार में भइल त युवक युवती के अश्लील फोटो अउरी वीडियो परिवार वालन के मोबाइल पs वायरल कs दिहलस।

तहरीर में युवती बतवली कि एक बरिस पहिले भी आरोपी ओके नशीली दवा खिया के दुष्कर्म कइलस अउरी ओकर अश्लील फोटो अउरी वीडियो बना लिहले रहे। एह मामिला में पुलिस युवती के तहरीर पs आरोपी अनीस के खिलाफ दुष्कर्म, घर में घुस के मारे पीटे अउरी आईटी एक्ट के तहत मुकदमा दर्ज कs आरोपी के तलाश शुरू कs देहलस। कोतवाल कपिलदेव चौधरी बतवलें कि युवती के तहरीर पs केस दर्ज कs के मेडिकल जाँच खातिर ओके जिला चिकित्सालय भेजल गइल बा। आरोपी युवक के तलाश कइल जा रहल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.