[the_ad_group id="30365"]

साहब! होली पs बीबी के नइहर ले जाये के बा… इंस्पेक्टर मंगले छुट्टी तs ऐप्लिकेशन पढ़के SP के हंसी छूट गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फर्रुखाबाद: होली के त्योहार के अवसर पs शांति आ कानून बेवस्था बनावल रखला के जिम्मेदारी पुलिस विभाग के कंधन पs होला। खास तौर पs शब-ए-बारात होखला के वजह से अबकी बेर प्रशासन मुस्तैद बा। अधिकांश पुलिसकर्मियन के छुट्टियन के निरस्त कs दिहल गइल ब। बाकिर उत्तर प्रदेश के फर्रुखाबाद में एगो इंस्पेक्टर अइसन समस्या के जिकिर कs के अवकाश मंगले कि एसपी साहबो हंस पड़लें।

पुलिस विभाग के एगो इंस्पेक्टर छुट्टी के आवेदन करत अधीक्षक के लिखल पत्र में बतवलें कि बियाह के 22 सालन में पत्नी कबो होली के अवसर पर नइहर नइखी जा सकल। ऊ नइहर जाये आ प्रार्थी के साथे ले जाये के जिद कर रहल बाड़ी। एहिसे समस्या पs सहानुभूतिपूर्वक विचार करत 10 दिनन के छुट्टी देला के कृपा करीं।

का लिखल बा लेटर में?

इंस्पेक्टर पत्र में लिखलें, बियाह के 22 बरिसन में प्रार्थी के पत्नी होली के अवसर पs अपना नइहर नइखी जा सकल। एह कारण ऊ प्रार्थी से बहुते नाराज चल रहल बाड़ी आ ऊ होली के अवसर पs अपना नइहर जाये आ प्रार्थी के साथे ले चलला के जिद कर रहल बाड़ी। एह कारण प्रार्थी के अवकाश के बहुते जरुरत बा। श्रीमान जी से विनम्र अनुरोध बा कि प्रार्थी के समस्या पs सहानुभूतिपूर्वक विचार करत प्रार्थी के 4 मार्च से 10 दिन के अवकाश देवे के कृपा करीं।’

मिलल जानकारी के मोताबिक जिला के एसपी अशोक मीणा के जब छुट्टी खातिर ऐप्लिकेशन मिलल तs ऊ हंस पड़लें। ऊ एह छुट्टी के मंजूरियो दे देलें। बाकिर होली परब के अवसर के मद्देनजर 10 के बजाय 5 दिनन के छुट्टी अप्रूव कइलें। पुलिस विभाग में एह अनोखा आवेदन के चरचा बा। ओहिजा ई पत्र सोशलो मीडिया पs वायरल हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]