Police Encounter: मथुरा पुलिस मार गिरवलस 50 हजार के इनामी बदमाश, लिफ्ट देके बुजुर्ग महिला के लूटले रहे इज्जत 

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 1, 2024

Mathura Crime News एक दिन पहिले पुलिस अभिरक्षा से भागल बदमाश शनिचर के भोरे पुलिस मुठभेड़ मे ढेर हो गइल। पुलिस ओकरा के बियफे के रात में एगो मुठभेड़ में गिरफ्तार कइले रहे। मुकेश पs

Share

Mathura Crime News एक दिन पहिले पुलिस अभिरक्षा से भागल बदमाश शनिचर के भोरे पुलिस मुठभेड़ मे ढेर हो गइल। पुलिस ओकरा के बियफे के रात में एगो मुठभेड़ में गिरफ्तार कइले रहे। मुकेश पs सात मुकदमा दर्ज रहे। बदमाश मुकेश कुछ दिन पहिले लिफ्ट देके एगो बुजुर्ग महिला के हवस के शिकार बनवले रहे।

महिला से दुष्कर्म आ लूट के आरोपित बदमाश मनोज उर्फ उत्तम के पुलिस शनिचर के भोरे मुठभेड़ मे मार गिरवलस। बियफे के रात मुठभेड़ में पकड़इला के बाद घायल अवस्था मे अस्पताल से उपचार के दौरान उऽ शुक के फरार हो गइल रहे।

शेरगढ़ थाना गांव के मई निवासी मनोज पs एगो महिला के बाइक पs लिफ्ट देके ओकरा साथे दुष्कर्म आ लूट करे के आरोप बा। ओकरा पs 25 हजार के इनाम घोषित कइल गइल।

पुलिस के चकमा देके फरार भइल रहे

मनोज के बियफे रात शेरगढ़ पुलिस आ एसओजी के टीम मुठभेड़ मे दबोच लेले रहे। दुनु पैर मे गोली लगला से घायल मनोज शुक के अस्पताल से पुलिस के चकमा देके भाग गइल रहे। बाद में आईजी दीपक कुमार ओकरा पs पचास हजार रूपिया के इनाम घोषित कइले रहलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.