Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भोजपुरी सिंगर समर के तलाश में मुंबई-पटना में छापा: आकांक्षा के मोबाइल पुलिस अनलॉक ना कs सकल; कॉल डिटेल में बातचीत के सबूत मिलल

2,405

अभिनेत्री आकांक्षा दुबे के आत्महत्या ममिला में भोजपुरी सिंगर समर सिंह आ उनकर भाई संजय के पुलिस तलाश कर रहल बिया। वाराणसी पुलिस मंगर के रात से बुध के सबेरे तक मुंबई, पटना, आजमगढ़ समेत कइयन ठिकानन पs दुनो भाइयन के तलाश में दबिश देलस। हालांकि, दुनो भाइयन के अब तक कुछ पता नइखे चल पावल। दुनो के नंबरो स्विच ऑफ बा।

सूत्रन के मोताबिक, आकांक्षा के मोबाइल के अभियो पुलिस अनलॉक ना कs सकल। फोन में नंबर पासवर्ड के संगही फिंगर प्रिंट स्कैन के पासवर्ड लागल बा। अइसन में फोन के लखनऊ इस्थित विधि अनुसंधान प्रयोगशाला भेजल जाई। मानल जा रहल बा कि दु-चार दिन में आंकाक्षा के मोबाइल अनलॉक हो सकत बा।

हालांकि, एक्ट्रेस के मोबाइल के CDR माने कॉल डेटा रिकॉर्ड पुलिस के मिल गइल बा। एमे आत्महत्या वाला दिन समर सिंह से बातचीत के सबूत मिलल बा। घटना के पहिलही समर के नंबर पs बातचीत भइल रहे। ओहिजा पिछला दिनन के लमहर कालिंग लिस्ट मिलो बा।

समर के मोबाइल के आखिरी लोकेशन मुंबई-पटना में

पुलिस सूत्रन के मोताबिक, समर सिंह आ उनकर भाई संजय के फोन बंद होखे से पहिले अंतिम लोकेशन मुंबई आ पटना में मिलल बा। अतवार के आंकाक्षा के सुसाइड के पता चलला के बादे से दुनो के नंबर बंद बा। सारनाथ थाना प्रभारी धर्मपाल सिंह बतवलें, “समर सिंह के रिश्तेदारन के इहां दबिश दिहल जा रहल बा। बिहार, आजमगढ़ आ वाराणसी में ओकर संभावित ठिकानन पs तलाश कइल गइल। रिश्तेदारन-दोस्तन से पूछताछ कइल गइल बा। जल्दिये दुनो के गिरफ्तार कइल जाई।”

बिहार में पुलिस टीम चला रहल बिया सर्च ऑपरेशन

आंकाक्षा सुसाइड केस में पुलिस ने तीन टीम गठित कइले बिया। पहिलका टीम, आजमगढ़-मऊ गइल रहे, जवन कइयन जगह दबिश देके खाली हाथ लवटल। दूसका टीम, बिहार गइल बिया, जवन ओहिजा रुकल बा। उहां समर सिंह के संभावित ठिकानन में तलाश कर रहल बिया। ओहिजा, तीसरका टीम मुंबई पहुंच गइल बिया। उहवां सिंगर से जुड़ल जगहन पs पुलिस दबिश दे रहल बिया।

पुलिस के शक बा कि समर सिंह आ ओकर भाई मुंबई भा बिहारे में छिपल बा। काहेकि, दुनो जगहन पs ओकर बहुते परिचित बा लो। ACP सारनाथ ज्ञान प्रकाश राय बतवलें कि सब पहलुअन पs जांच जारी बा। ममिला में टीम गठित कs के ताबड़तोड़ दबिश दिहल जा रहल बा।

जवन 3 के हिरासत में लिहल गइल रहे, ओह लोगन के पुलिस छोड़लस 

आकांक्षा दुबे सनीचर के रात मंडुआडीह इस्थित माली कुंज क्लब में एगो पार्टी में सामिल होखे गइल रहली। देर रात के ऊ होटल आइल रहली। फेर कुछ घंटा बाद ऊ फांसी लगा लेली। आंकाक्षा के संगे मंडुआडीह निवासी अरुण पांडेय आ उनकर पत्नी श्रद्धा कार में कुछ दूर आइल रहे लो। बाद में तारापुर चितईपुर निवासी संदीप अपना कार से आकांक्षा के होटल छोड़े गइल रहे।

सुसाइड के बाद पुलिस एह तीनों के हिरासत में लेके पूछताछ कइले रहे। बयानो दर्ज कइले रहे। हालांकि, मंगर के रात पुलिस तीनो के छोड़ दिहल। पुलिस जांच होखला तक बिना अनुमति वाराणसी के बाहर नइखे जाये के चेतावनी देले बाड़ें। अब तक के जांच में एह तीनो लोगन के कवनो इनवॉल्वमेंट नइखे मिलल।

सुसाइड के वजह के पुलिस के तलाश

अतवार के भोजपुरी एक्ट्रेस आंकाक्षा दुबे (27) वाराणसी के सोमेन्द्रा रेजीडेंसी होटल में फांसी लगाके आत्महत्या कs लेले टहली। सुसाइड से पहिले ऊ इंस्टाग्राम पs लाइव कइले रहली। एमे ऊ फूट-फूटके रोवत नजर आइल रहली। पुलिस के कहनाम बा कि आंकाक्षा सुसाइड कइले रहली। ई बात पीएम से लेके मवका पs मिलल साक्ष्य से स्टेबलिस्ट हो रहल बा। बाकिर, वजह का रहे? कवना दबाव में रहली? अइसन डेग काहे उठवली? एह सवालन के जवाब नइखे मिलल।

आंकाक्षा के मां सिंगर समर सिंह, उनका भाई संजय समेत चार के खिलाफ एफआईआर दर्ज करवले बाड़ी। एहिसे, एह लोगन से पूछताछ के बादे सही वजह सामने आई।

एकरा पहिले, अभिनेत्री के मां मधु आरोप लगवली कि बस्ती में फिल्म के शूटिंग के दौरान आकांक्षा के संजय सिंह फोन पs जान से मारे के धमकी देले रहस। संजय सिंह एगो कार किनले रहस। आकांक्षा ठिठोली में कहले रहली कि दोसरा के कमाई पs खूब ऐश करs। एही बात के लेके संजय फोन कs के आकांक्षा के जान से मारे के धमकी देले रहे।

ऊ कहली कि समर सिंह अपना गाना पs आकांक्षा के संगे शूटिंग कs लेत रहे। ओह गाना से ऊ लाखन रुपिया कमा लेत रहे। मेहनताना मंगला पs ऊ आकांक्षा के संगे मारपीट करत रहे। एकरा संगही कवनो दूसरका प्रोड्यूसर भा डायरेक्टर के संगे काम कइला पs रोक लगावत रहे।

496910cookie-checkभोजपुरी सिंगर समर के तलाश में मुंबई-पटना में छापा: आकांक्षा के मोबाइल पुलिस अनलॉक ना कs सकल; कॉल डिटेल में बातचीत के सबूत मिलल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.