[the_ad_group id="30365"]

कार किने पहुंचल फर्जी दरोगा के पुलिस पकड़लस, कांस्टेबल के चोरवले रहे वर्दी

Up police constable
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शनिचर के दिने लखनऊ के चिनहट में कार खरीदे आइल एगो फर्जी इंस्पेक्टर के पुलिस पकड़ लिहलस। एकरा अलावे पुलिस एगो कार शोरूम में काम करत एगो युवक के हिरासत में लेले बिया। पुलिस फर्जी इंस्पेक्टर के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज के शो रूम वर्कर से पूछताछ करतिया।

बहराइच के रामगांव में रहेवाला छात्र सोमिल सिंह (22 साल) शनिचर के चिनहट के शोरूम से सब इंस्पेक्टर के वर्दी में गाड़ी खरीदे आइल रहे। शोरूम के एगो कर्मचारियो आरोपी के संगे रहे, सबेरे 8 बजे पुलिस ओकरा के मतियारी रोड के आदर्श ढाबा के नजदीक से गिरफ्तार कऽ थाना ले आइल। संगही पुलिस आरोपी कर्मचारी के हिरासत में ले लेलस।

आरोपी जूता से पकड़ में आइल

इंस्पेक्टर चिनहट अश्वनी कुमार चतुर्वेदी के मुताबिक गश्त के दौरान चौकी प्रभारी जावेद के ढाबा के नजदीक एगो संदिग्ध युवक देखाई देलस। आरोपी सब इंस्पेक्टर के वर्दी में रहे। बाकिर उऽ पुलिस के जूता ना पहिनले रहे आ वर्दी के रंगो तनिका अलग रहे। चौकी प्रभारी जब सोमिल से बात कइले तऽ उऽ घबरा गइल।

अपना जानल मानल सिपाही के वर्दी चोरवले रहे

आरोपी पूछताछ के दौरान बतवलस कि उऽ अपना जान-पहचान के एगो सिपाही के वर्दी चोरा लेले आ बाजार से दु स्टारो खरीदले। उनका लगे से यूपी पुलिस के फर्जी आईडी कार्ड बरामद भइल बा। उऽ एगो शोरूम से गाड़ी खरीदे चिनहट आइल रहे।

 बाराबंकी में आपन पोस्टिंग बतवलस

निरीक्षक बतवले कि आरोपी अपना के बाराबंकी के थाना में तैनात घोषित कइले रहे। आरोपी पहिले पुलिस के भरमावे के कोशिश कइलस बाकिर कड़ा पूछताछ के बाद आरोपी पूरा कहानी बतवलस। निरीक्षक चिनहट के मुताबिक आरोपी के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। सोमिल आ ओकरा साथी से पूछताछ होखऽता। जांच के आधार प आगे के कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]