नकली हथियार संगे रील्स बनावे वाला गिरफ्तार: गोपालगंज में पुलिस 4 जुवकन के पकड़लस, इंस्टा पs डलले रहे वीडियो, पिस्टलो बरामद

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 21, 2023

गोपालगंज में सोशल मीडिया पs हथियार के संगे रील्स बनाके वायरल करे वाला दु गो जुवकन के पुलिस पहचान कs के गिरफ्तार कs लेले बिया। संगही दुनो के लगे से वायरल नकली पिस्टलो बरामद कइल

Share

गोपालगंज में सोशल मीडिया पs हथियार के संगे रील्स बनाके वायरल करे वाला दु गो जुवकन के पुलिस पहचान कs के गिरफ्तार कs लेले बिया। संगही दुनो के लगे से वायरल नकली पिस्टलो बरामद कइल गइल बा। फिलहाल पुलिस दुनो गिरफ्तार जुवकन के खिलाफ निरोधात्मक कार्रवाई सुरू कs देले बिया।

गिरफ्तार जुवकन में ओम प्रकाश राजभर के बेटा मुकेश राजभर आ विजयीपुर थाना क्षेत्र के नवका बंगरा गांव निवासी शंभू भगत के बेटा नितेश कुमार के अलावे ओकरा निशानदेही पs दु गो आउर जुवक छितौनी गांव निवासी मन्टु गोड के बेटा कुंदन कुमार आ वीरेंद्र चौहान के बेटा रंजीत कुमार चौहान सामिल बाड़े सs।

कुचायकोट थाना आ विजयीपुर थाना क्षेत्र में चार जुवकन द्वारा नकली पिस्टल लेके रिल्स बनाके इंस्टाग्राम पs शेयर कइल गइल रहे। वीडियो तेजी से वायरल होखे लागल। पुलिस दुगो जुवकन के पहचान कs के ओकनी के गिरफ्तार कइले बिया। एकरा बाद दुनो के निशानदेही पs दु गो आउर जुवकन के गिरफ्तार कइल गइल बा।

एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि कुचायकोट थाना अंतर्गत सोशल मीडिया पs वीडियो वायरल भइल रहे, जेमे एगो व्यक्ति पिस्टल जइसन आरसी हथियार के प्रदर्शन करत रहे। वीडियो वाला व्यक्ति के पहचान कs के पुलिस उपाधीक्षक सह थानाध्यक्ष कुचायकोट थाना द्वारा कार्रवाई करत मुकेश राजभर के हिरासत में लिहल गइल। ओहिजा, नकली पिस्टलो बरामद भइल। विजयीपुर थाना अंतर्गत वायरल वीडियो के सत्यापन के बाद जुवक नितेश कुमार के गिरफ्तार कइल गइल बा।

नितेश के निशानदेही पs दु गो आउर जुवक रंजीत कुमार चौहान आ कुंदन कुमार के गिरफ्तार कइल गइल। वीडियो में दिख रहल नकली पिस्टल के बरामद कइल गइल। ओहिजा वायरल वीडियो में लहरावल गइल हथियार के जब जांच कइल तs उहो नकली पावल गइल। फिलहाल चारों जुवकन पs निरोधात्मक कार्रवाई करत  अनुमंडल पदाधिकारी के इहां से बाउंड डाउन करावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.