[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज में छापेमारी कs के पुलिस 8 लोगन के कइलस गिरफ्तार: शराब पीये आ बेचे के बा आरोप, तीन मोटरसाइकिल बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के भोरे थाना क्षेत्र के अलग-अलग जगह छापेमारी करत भोरे थाना पुलिस शराब के सेवन आ तस्करी करे वाला लोगन के गिरफ्तार कइले बिया। फिलहाल गिरफ्तार कइल गइल अभियुक्तन के पुलिस पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा।

गिरफ्तार बदमाशन में चार गो शराब तस्कर, जेमें भोरे थाना क्षेत्र के सुमेरी छापर गांव निवासी भगन साह के बेटा रवि कुमार (18), चौबरिया टोला निवासी अब्दुल हाकिम के बेटा अफजल मंसूरी (18), लामी चौर गांव निवासी रामाज्ञाराम के बेटा अमित कुमार (21) आ भदवही गांव निवासी राम नारायण राम के बेटा रंजन कुमार (19) सामिल बाड़ें।

ओहिजा गिरफ्तार तस्करन के लगे से पुलिस तीन गो बाइक आ देसी विदेशी शराब के खेप बरामद कइल गइल। जबकि शराब के सेवन करे के ममिला में पुलिस फुलवरिया थाना क्षेत्र के सेमरौना गांव निवासी लोहा साह के बेटा नितेश कुमार (24), बनिया छापर गांव निवासी हरीलाल सिंह के बेटा शंकर सिंह (44), गनपत सिंह के बेटा शिवजी सिंह( 70) आ मीरगंज थाना क्षेत्र के नेरूई गांव निवासी कलिंदर यादव के बेटा सुनील यादव (37) सामिल बा लो।

एह ममिला में भोरे थानाध्यक्ष बतवलें कि शराब के खिलाफ हमनी के अभियान लगातार जारी बा। एकरा तहत अलग-अलग जगह छापेमारी करत चार तस्कर आ चार शराब के सेवन करे वालन के गिरफ्तार कइल गइल बा।

गिरफ्तार तस्कर के लगे से 30 पीस 200 ml कुल मात्रा छह लीटर देसी शराब, बिदेसी शराब 145 पीस 180 ml कुल मात्रा 26.10 लीटर, एगो करिया रंग के हीरो कंपनी के पैशन प्रो मोटरसाइकिल, एगो लाल आ करिया काला रंग के हीरो कंपनी के एचएफ डीलक्स मोटरसाइकिल बरामद कइल  गइल। फिलहाल अभी अभियुक्तन के उत्पाद अधिनियम के तहत मामिला दर्ज कs के न्यायिक हिरासत में भेजल गइल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]