[the_ad_group id="30365"]

चौरीचौरा के पोखरभिंडा में हो रहल बा रुद्रमहायज्ञ, कलश यात्रा से भइल भव्य शुभारंभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चौरीचौरा प्रखंड के पोखरभिंडा गाँव में गुरुवार का दिने नौ दिन के रुद्र महायज्ञ के शुभारंभ कइल गइल जवन धूमधाम से कलश यात्रा से सम्पन्न भइल। एकरा संगे-संगे नवनिर्मित शिव, माँ दुर्गा अवुरी हनुमानजी के मंदिर के भी लोकार्पण भईल, जेकरे प्रान प्रतिष्ठा के स्थापना खाती इ यज्ञ शुरू भईल। ई कलश यात्रा पोखरभिंडा से शुरू होके बाल बुजुर्ग, खुर्द, दूडी, बनसटिया होत जलाशय ले पहुँचल।

जलाशय में पहुंचला के बाद यज्ञ आचार्य कलश के विधि से पूजा करववले। पुरोहित लोग के वेद मंत्र के पाठ आ शंख के आवाज के बीच कलश में जल भरल गइल। फेरु से जल भरल कलश के यज्ञ परिसर में राखल गईल। कलश यात्रा में कन्याकुवारी आ महिला लोग शामिल रहली। सब मेहरारू कलश लेके नंगे पांव चलत रहली।

गुरुवार से पोखरभिंडा गांव में 9 दिन के रुद्ध महायज्ञ के आयोजन कइल गइल बा। एक जुलाई के यज्ञ के समापन हो जाई। एह दौरान दिन में यज्ञ परिसर में पुजारी लोग के पूजा के संगे-संगे पंडित वीरेन्द्र तिवारी के प्रवचन अवुरी रात में रामलीला होखल तय बा। यज्ञ के तमाम शुभ काम पंडित धनंजय पाण्डेय के देखरेख में पूरा हो रहल बा।

कलश यात्रा में यज्ञ समिति के सदस्यन के अलावा शत्रुघ्न मणि त्रिपाठी, वीरेन्द्र मणि त्रिपाठी, धीरेन्द्र मणि त्रिपाठी, पं. सुरेन्द्र मणि त्रिपाठी, रविन्द्र मणि त्रिपाठी, राघवेन्द्र मणि त्रिपाठी, बृजेश्वर मणि त्रिपाठी, अवनीश मणि त्रिपाठी, दिलीप मणि त्रिपाठी, विनोद मणि त्रिपाठी , विशाल मणि त्रिपाठी, नवीन मणि त्रिपाठी, धनेश केवट आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]