PoK में दिल दहला देवे वाला हादसा, सिंधु नदी में गिर गइल यात्रियन से भरल बस, अब ले 16 के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 13, 2024

    पाकिस्तान कब्जा वाला कश्मीर के गिलगित-बाल्टिस्तान इलाका में एह हादसा के दर्दनाक खबर सामने आ रहल बा. एह इलाका में यात्रियन से भरल बस सिंधु नदी में गिर गइल बा. जानकारी के मुताबिक

Share

Road Accident

 

 

पाकिस्तान कब्जा वाला कश्मीर के गिलगित-बाल्टिस्तान इलाका में एह हादसा के दर्दनाक खबर सामने आ रहल बा. एह इलाका में यात्रियन से भरल बस सिंधु नदी में गिर गइल बा. जानकारी के मुताबिक इs सभ यात्री कवनो बियाह समारोह में शामिल होखे खातीर बारात निकाल के जात रहले। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक दुर्घटना स्थल से कम से कम 16 लोग के लाश बरामद हो चुकल बा।

ई दुर्घटना कइसे भइल?

‘डॉन’ अखबार के दिहल जानकारी के मुताबिक जवना बस से दुर्घटना भईल रहे, उs बस एस्टोर से पंजाब के चकवाल जिला के ओर जात रहे। हालांकि राह में बस तेलची पुल से सिंधु नदी में गिर गईल। बस सिंधु नदी में गिरला से नाहियो तs सोलह लोग के मौत हो गइल आ एगो औरत घवाहिल हो गइल बिया.

अउरी लोगन के खोज जारी बा

एs घटना के बारे में पुलिस के ओर से सूचना दिहल गईल बा कि दुर्घटना के समय बस में बईठल सभ लोग एगो बियाह समारोह में शामिल होखे जात रहले। पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर के पहाड़ी गिलगित-बाल्टिस्तान क्षेत्र में भईल एs दुर्घटना के बाद स्थानीय पुलिस मौका पs बिया। बस में बईठल अवरू लोग के खोज अबो जारी बा। एह बात के आशंका बा कि मरे वालन के गिनिती अउरी बढ़ सकेला.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.