30 मार्च के लोहिया इनक्लेव वन में सजी कविता कविता के महफिल, दिनेश बावरा के मुंबई से होई आगमन 

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2024

गोरखपुर। काल्ह 30 मार्च के गोरखपुर के हास्य के रंग से सराबोर करे कवियन के महफिल जमी। प्रख्यात कवि दिनेश बावरा मुंबई से आ रहल बाड़ें। कार्यक्रम के संयोजिका कवयित्री निशा राय बतवली कि बिहान

Share

गोरखपुर। काल्ह 30 मार्च के गोरखपुर के हास्य के रंग से सराबोर करे कवियन के महफिल जमी। प्रख्यात कवि दिनेश बावरा मुंबई से आ रहल बाड़ें।

कार्यक्रम के संयोजिका कवयित्री निशा राय बतवली कि बिहान 30 मार्च के सांझ के लोहिया इनक्लेव प्रथम, तारामंडल में आयोजित होखे वाला राष्ट्रीय कवि सम्मेलन में मुंबई से हास्य कवि दिनेश बावरा, आजमगढ़ से कवि गीतकार भालचंद्र त्रिपाठी, दरभंगा बिहार से कवियित्री डॉ. तिश्या श्री, सीवान बिहार से कवि शायर सुनील कुमार तंग, गोपालगंज से कवि गीतकार ‘ संजय मिश्र संजय’, गोरखपुर के अंतरराष्ट्रीय शायर कलीम कैसर, आशु कवि गीतकार राजेश राज, प्रदीप मिश्र आदि मंच पs उपस्थित होंगे आ अपना गीतन, गजलन आ कविता से श्रोता लोगन के मनोरंजन करिहें।

निशा बतवली कि कार्यक्रम में सोसाइटी के निवासियन के संगे-संगे गोरखपुर के प्रतिष्ठित आ साहित्य में रूचि रखे वाला लोग सामिल होई। कार्यक्रम सांझ के सात बजे से सुरू होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.