Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पोको लॉन्च करे जा रहल बा धांसू फोन, Poco F6 पास कईलस भारतीय सर्टिफिकेशन टेस्ट

713

 

अगर आप पोको के प्रशंसक बानी अवुरी कंपनी के स्मार्टफोन पसंद करतानी तs आपके खातीर एगो निमन खबर बा। पोको भारतीय बाजार में मजबूत पकड़ बनवले बिया अवुरी बजट सेगमेंट में बहुत शक्तिशाली फोन लॉन्च कईले बिया। अब पोको आपन ग्राहकन खातिर एगो नया फोन लेके आइल बा। पोको जल्दिए भारत में पोको एफ 6 लॉन्च करी। इs फोन सर्टिफिकेशन टेस्ट पास कs चुकल बा।

Poco F6 को BIS सर्टिफिकेशन साइट पs पोको एफ6 के सूचीबद्ध कईल गईल बा। एकरा चलते जल्दिए एs स्मार्टफोन के लॉन्च होखे के उम्मेद बढ़ गईल बा। इs स्मार्टफोन बीआईएस यानी ब्यूरो ऑफ इंडियन स्टैंडर्ड पs मॉडल नंबर 24069PC21I के संगे सूचीबद्ध बा। बीआईएस प्रमाणीकरण पs एs स्मार्टफोन के अवरू कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल।

मिड रेंज प्रीमिमय सेगमेंट में लॉन्च कईल जा सकता

पोको एs स्मार्टफोन के मिडरेंज प्रीमियम सेगमेंट में लॉन्च कs सकता। एकरा में शक्तिशाली प्रोसेसर के संगे शक्तिशाली फीचर दिहल जा सकता। एकरा लेके बहुत लीक सोझा आईल बा। पोको एकरा में 12GB रैम के सपोर्ट कईले बा। एकरा संगे एकरा में 256GB के बड़ स्टोरेज भी मिल सकता। कंपनी एकरा के 35 हजार रुपिया के प्राइस ब्रैकेट में लॉन्च कs सकेले। अगर हमनी के भारतीय बाजार के बात कईल जाए तs एs आवे वाला फोन के सीधा मुकाबला वनप्लस 12R से हो सकता।

पोको एफ 6 के संभावित विशेषता 

*पोको 6 स्मार्टफोन में 6.67 इंच के बड़ डिस्प्ले मिल

सकता।

*एह स्मार्टफोन के फ्रंट लुक के बात कईल जाव तs एकर

डिस्प्ले पंच पैटर्न के संगे आ सकता।

*अगर लीक पs विश्वास कईल जाव तs इs स्मार्टफोन

स्नैपड्रैगन

8 जेन 3 चिपसेट के संगे बाजार में आ सकता।

*फोटोग्राफी खातिर एकरा में 50MP के प्राइमरी कैमरा बा,

जवना में सोनी IMX882 सेंसर बा।

*एकर सेकेंडरी कैमरा 8 मेगापिक्सेल के हो सकता। एकरा

में कंपनी वाइड एंगल लेंस दे सकेले।

*एs स्मार्टफोन में 4500mAh के बड़ बैटरी हो सकता, जवना में 120W के फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट कईल जा सकता।

 

 

780990cookie-checkपोको लॉन्च करे जा रहल बा धांसू फोन, Poco F6 पास कईलस भारतीय सर्टिफिकेशन टेस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.