[the_ad_group id="30365"]

Poco F6 के पहिला सेल आज, किने से पहिले जान लीं ई बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Poco F6 के आज माने 29 मई के पहिला बेर बिक्री खातिर पेश कइल जा रहल बा। जदि रउआ फोन किने के प्लान बना रहल बानी, तs रउआ कुछ खास बातन के खेयाल रखे के चाहीं। जवना के मदद से रउआ सबसे कम कीमत में Poco F6 स्मार्टफोन के किन पाएम। फोन के ई-कॉमर्स प्लेटफॉर्म फ्लिपकार्ट पs बिक्री खातिर उपलब्ध करावल गइल बा।

कीमत आ ऑफर

8 जीबी आ 256 जीबी – 29,999 रुपये
12 जीबी आ 256 जीबी – 31,999 रुपये
12 जीबी आ 512 जीबी – 33,999 रुपये

डिस्काउंट ऑफर

फोन के डिस्काउंट ऑफर के संगे 25,999 रुपिया के सुरुआती कीमत में किनल जा सकी। फोन के किनला पs 2000 रुपिया के डिस्काउंट दिहल जा रहल बा। संगही 2000 रुपिया के एक्सचेंज ऑफरो दिहल जा रहल बा।

डिस्प्ले

फोन में 6.67 इंच के 1.5k एमोलेड डिस्प्ले दिहल गइल बा। एकर रिफ्रेश रेट 120Hz बा, जबकि पीक ब्राइटनेस 2400 nits बा। फोन में 240Hz के टच सैंपलिंग रेट आ 2160Hz PWN डिमिंग रेट दिहल गइल बा। फोन HDR10+ सपोर्ट के संगे आवेला। फोन के डिस्प्ले डॉल्बी विजन सपोर्ट के संगे आवेला। फोन में गोरिल्ला ग्लास विक्टस सपोर्ट दिहल गइल बा।

प्रोसेसर

Poco F6 5G स्मार्टफोन में क्वॉलकॉम स्नैपड्रैगन 8s जेन 3 चिपसेट दिहल गइल बा, जवन 4nm बेस्ड बा। फोन एंड्रॉइड 14 बेस्ड HyperOS आउट ऑफ द बॉक्स के संगे आवेला। एमे तीन साल के सॉफ्टवेयर अपडेट आ चार साल के सिक्योरिटी अपडेट दिहल जा रहल बा।

कैमरा

फोन के रियर में 50MP Sony IMX882 कैमरा सेंसर दिहल जात बा। फोन OIS सपोर्ट के संगे आवेला। एमे 8MP Sony IMX355 कैमरा सेंसर दिहल गइल बा। संगही सेल्फी खातिर 20MP कैमरा सेंसर दिहल गइल बा।

बैटरी

फोन 5500mAh बैटरी के संगे आवेला। एमे 120W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]