[the_ad_group id="30365"]

Mehul Choksi Arrested: पीएनबी लोन घोटाला के आरोपी भगोड़ा मेहुल चोकसी  बेल्जियम में गिरफ्तार

मेहुल चोकसी बेल्जियम में गिरफ्तार
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएनबी लोन घोटाला के आरोपी भगोड़ा मेहुल चोकसी के बेल्जियम में गिरफ्तार कs लिहल गइल बा. मेहुल चोकसी भारतीय एजेंसियन के द्वारा बेल्जियम में स्थित रहे।  बता दीं कि साल 2021 के अंत में मेहुल चोकसी एंटीगुआ से भाग के बेल्जियम पहुंच गईल रहले। इकोनॉमिक टाइम्स के रिपोर्ट के मुताबिक, हीरा के व्यापारी रहल 65 साल के चोकसी के शनिचर (12 अप्रैल 2025) केंद्रीय जांच ब्यूरो सीबीआई के अपील पs गिरफ्तार कs लिहल गईल अवुरी उs अबे ले जेल में बंद बाड़े। अब उनुका के प्रत्यर्पण के तइयारी हो जाई. हालांकि उनुकर वकील उनुकर स्वास्थ्य अवुरी बाकी तर्क पेश कs के कोर्ट में जमानत करावे के कोशिश करीहे।

13,500 करोड़ रुपिया के लोन फ्रॉड

मेहुल चोकसी पंजाब नेशनल बैंक से 13,500 करोड़ रुपया के लोन धोखाधड़ी कईले रहले। धोखाधड़ी कईला के बाद चोकसी गिरफ्तारी से बचे खातीर भारत से बेल्जियम भाग गईले। इहाँ उs अपना पत्नी प्रीति चोकसी के संगे एंटवर्प में रहत रहले काहेकी प्रीति चोकसी के बेल्जियम के नागरिकता बा। कहल जात रहे कि बेल्जियम में उनकर ‘एफ रेजिडेंसी कार्ड’ बा आ ऊ एंटीगुआ से बेल्जियम में इलाज खातिर आइल रहले. 

नीरव मोदी के संगे चोकसी फरार हो गईल रहले

पंजाब नेशनल बैंक के लोन धोखाधड़ी के मामला सोझा आवे से पहिले ही मेहुल चोकसी जनवरी 2018 में अपना भतीजा नीरव मोदी के संगे भारत से भाग गईल रहले। पीएनबी लोन घोटाला भारत के दूसरा सबसे बड़ बैंक घोटाला रहे। बैंक के धोखाधड़ी के सोझा आवे से पहिले ही चोकसी एंटीगुआ के नागरिकता लेले रहले।  2021 में जब चोकसी क्यूबा जात रहले तs डोमिनिका में फंस गईले। गिरफ्तारी के बाद मेहुल कहले रहले कि ई सभ राजनीतिक साजिश के चलते होखता। उs आरोप लगवले रहले कि ईडी भारत में उनुकर संपत्ति गैरकानूनी तरीका से जब्त कs लेले बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]