Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्रधानमंत्री सुरक्षित मातृत्व अभियान के तहत गर्भवती महिला लोग के भइल प्रसव-पूर्व जाँच

8,380

• गर्भवती महिला लोग के गुणवत्तापूर्ण प्रसव पूर्व जाँच के सुविधा

• पौष्टिक आहार खाये के दिहल गइल सलाह

सीवान। गर्भवती महिला लोग के गुणवत्तापूर्ण प्रसव के पहिले जांच के सुविधा उपलब्ध करावे खातिर हर महीना के 9 वां तारीख के जिला के सब स्वास्थ केन्द्रन में प्रधानमंत्री सुरक्षित मातृत्व अभियान कार्यक्रम के आयोजन कइल जात बा। एही क्रम में सोमार के सदर अस्पताल सहित प्रखंड स्तरीय स्वास्थ केन्द्रन पs गर्भवती महिला लो के प्रसव के पहिले जांच कइल गइल। संगही उच्च जोख़िम गर्भधारण महिला लोग के पहचान कs के उचित प्रबंधन सुनिश्चित करे के कोसिस कइल गइल। एह दौरान गर्भवती महिला लो के निःशुल्क प्रसव के पहिले जांच कइल गइल। एमे उच्च रक्तचाप, वजन, शारीरिक जाँच, मधुमेह, एचआईवी आ यूरिन के साथे जटिलता के आधार पs आउर जाँच कइल गइल। संगही उच्च जोखिम गर्भधारण महिला लो के चिह्नित कइल गइल आ बेहतर प्रबंधन खातिर दवा के साथे जरुरी परामर्श दिहल गइल।

एनीमिक महिलाओं को दी गयी ये सलाह: 

जाँच में एनीमिक महिला के आयरन फोलिक एसिड के दवा देके एकर नियमित सेवन करे के सलाह दिहल गइल। एनीमिक महिला लो के हरियर साग- सब्जी, दूध, सोयाबीन, फ़ल, भूनल चना आ गुड खाये के सलाह दिहल गइल। संगही ओह लो के गर्भावस्था के आखिरी दिनन में कम से कम चार बेर खाना खाये के सलाह दिहल गइल।

बेहतर पोषण गर्भवती महिला लो खातिर जरूरी:

सिविल सर्जन डॉ. यदुवंश कुमार शर्मा बतवले कि प्रधानमंत्री सुरक्षित मातृत्व अभियान कार्यक्रम के उद्देश्य गर्भवती महिला लो के गुणवत्तापूर्ण प्रसव के पहिले जाँच के सुविधा उपलब्ध करावे के साथे ओह लो के बेहतर परामर्श दिहल गइल बा। बेहतर पोषण गर्भवती महिला लोग में खून के कमी होखे से बचावेला। एहिसे सब गर्भवती महिला लोग के जाँच के बाद पोषण के बारे में जानकारी दिहल जाला।ओह लोग के बतावल कि एह अभियान कर सहायता से प्रसव के पहिलही संभावित जटिलता के पता चल जाला। जवना से प्रसव के दौरान होखे वाला जटिलता में बहुत कमी आवेला आ एकरा से होखे वाला मातृ आ शिशु मृत्यु दर में कमी आवेला।

उच्च जोख़िम गर्भधारण के कारण :

गर्भावस्था के दौरान 4 प्रसव पूर्व जाँच प्रसव के दौरान होखे वाला जटिलता में कमी ले आवेला। सम्पूर्ण प्रसव पूर्व जाँच के आभाव में उच्च जोख़िम गर्भधारण के पहचान ना हो पावेला। एसे प्रसव के दौरान जटिलता के संभावना बढ़ जाला।

  • गर्भावस्था में 7 ग्राम से खून कम होखल
  • गर्भावस्था में मधुमेह के होखल
  • एचआईवी पॉजिटिव होखल (एडस पीड़ित)
  • अत्यधिक वजन के कम भा जादे होखल
  • पूर्व में सिजेरियन प्रसव के जानकारी होखला
  •  उच्च रक्तचाप के शिकायत भइल

उच्च जोख़िम गर्भधारण के लक्षण :

• पहिले के गर्भावस्था भा प्रसव के इतिहास

• दु भा ओकरा से जादे बेर गर्भपात भइल होखे

• बच्चा पेट में मर गइल होखे भा मरल पैदा भइल होखे

• कवनो विकृती वाला बच्चा पैदा भइल होखे

• प्रसव के दौरान भा बाद में अधिक रक्त स्राव भइल होखे

• गर्भवती होखला से पहिले कवनो बेमारी होखे

• उच्च रक्तचाप

• दिल भाग गुर्दा के बेमारी

• टीबी भा मिरगी के होखल

• पीलिया भा लिवर के बेमारी

• हाइपोथायराइड होखल

271290cookie-checkप्रधानमंत्री सुरक्षित मातृत्व अभियान के तहत गर्भवती महिला लोग के भइल प्रसव-पूर्व जाँच

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.