[the_ad_group id="30365"]

पीएम नरेन्द्र मोदी 19 जून के जइहें नालंदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पहिला बेर 19 जून के कवनो सरकारी कार्यक्रम में भाग लेवे खातीर नालंदा आवत बाड़े। प्रधानमंत्री नालंदा विश्वविद्यालय के कार्यक्रम में भाग लीहे। कार्यक्रम के मुताबिक प्रधानमंत्री सबेरे दस बजे विशेष विमान से गया हवाई अड्डा पs उतर जईहे। उहाँ से हेलीकाप्टर से नालंदा विश्वविद्यालय खातिर रवाना होखिहें। उनुकर हेलीकाप्टर विश्वविद्यालय परिसर में बनल हेलीपैड पs उतरी। इहाँ के कार्यक्रम में भाग लेला के बाद हेलीकाप्टर से गया लवटब जाई आ ओहिजा से हवाई जहाज से दिल्ली खातिर रवाना होई। प्रधानमंत्री के कार्यक्रम तय होखते नालंदा विश्वविद्यालय अवुरी जिला प्रशासन के ओर से तैयारी शुरू हो गईल बा।हालांकि विश्वविद्यालय अबे ले आधिकारिक तौर पs इs घोषणा नईखे कईले कि उs कवन कार्यक्रम पेश करता।

प्रधानमंत्री बनला के बाद नरेंद्र मोदी के इs पहिला यात्रा हs। पहिला बेर जब प्रधानमंत्री बनले तs बिहार में होखे वाला विधानसभा चुनाव में प्रचार करे अइले. उनकर जनसभा गोलापर हवाई अड्डा पs भइल. एही तरे नरेंद्र मोदी अगिला बेर साल 2014 में गुजरात के मुख्यमंत्री रहते नालंदा अइले। साल 2014 में उनुका के भाजपा प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार के रूप में तय कईलस अवुरी ओकरा बाद गांधी मैदान में भाजपा के रैली भईल। ओह दौरान भइल बम विस्फोट में बहुते लोग के मौत हो गइल. मारल गइल लोग में सरमेरा प्रखंड के एक जने भी शामिल रहे। तब नरेंद्र मोदी पीड़ित परिवार से मिले सरमेरा अईले।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नालंदा के इs दुसरका यात्रा हs। बाकिर, कवनो सरकारी कार्यक्रम के सिलसिला में उनुकर इs पहिला यात्रा होई। नरेंद्र मोदी के नालंदा यात्रा के चलते जनता में जबरदस्त उत्साह बा। लोग के उम्मीद बा कि प्रधानमंत्री नालंदा अवुरी बिहार खातीर कुछ उपहार जरूर दिहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]