[the_ad_group id="30365"]

US दौरा खातिर रवाना भइलें पीएम मोदी, बोललें- वैश्विक चुनौतियन के सामना करे खातिर साथ खड़ा बा भारत आ अमेरिका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी मंगर के सबेरे अमेरिका यात्रा खातिर रवाना भइलें। ई उनकर पहिला आधिकारिक राजकीय यात्रा हs। ऊ न्यूयॉर्क में संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय में योग दिवस समारोह में भाग लिहें। संगही अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन के संगे बातचीत करिहें।

कइयन गो कार्यक्रमन में सामिल होइहें पीएम मोदी

प्रधानमंत्री मोदी अपना यात्रा के दौरान वाशिंगटन डीसी में अमेरिकी कांग्रेस के संयुक्त सत्र के संबोधितो करिहें। संगही ऊ अमेरिकी कंपनियों के सीईओ से मिलिहें आ भारतीय समुदाय के संगे बातचीत करिहें।

भारत-अमेरिका संबंधन पs का बोललें पीएम मोदी

अपना यात्रा से पहिले पीएम मोदी कहलें कि अमेरिका यात्रा हमनी के साझेदारी के मजबूती आ विविधता के समृद्ध करे के अवसर बा। ऊ ट्वीट कइलें कि हमनी के बेयपार, वाणिज्य, नवाचार, प्रौद्योगिकी आ अइसन आउर क्षेत्रन में भारत-अमेरिका संबंधन के मजबूत कइल चाहत बानी सs।

पीएम मोदी कहलें

भारत-अमेरिका संबंध बहुआयामी हs, सब क्षेत्रन में गहिराह जुड़ाव रहल बा। राष्ट्रपति जो बाइडन आउर वरिष्ठ अमेरिकी नेता लोगन के संगे हमरा चरचा द्विपक्षीय सहजोग के मजबूत करे के अवसर प्रदान करी। हमरा विश्वास बा कि हमार अमेरिका यात्रा लोकतंत्र, विविधता आ स्वतंत्रता के साझा मूल्यन पs आधारित हमनी के संबंधन के मजबूत करी।

मिस्र यात्रा के लेके पीएम मोदी उत्साहित

पीएम मोदी कहलें कि साझा वैश्विक चुनौतियन से निपटे में भारत आ अमेरिका एक संगे मजबूती से खड़ा बा। ओहिजा, पीएम मोदी अपना आवे आला मिस्र यात्रा के लेके खुसी जतवलें। पीएम कहलें कि पहिला बेर करीबी मित्र देस के राजकीय यात्रा के लेके उत्साहित बानी।

प्रधानमंत्री मोदी कहलें

हम संबंधन के आउर मजबूती देवे खातिर राष्ट्रपति अब्देल फतह अल-सिसी आ मिस्र के सरकार के संगे अपना चरचा खातिर इंतजार कर रहल बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]