Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM Modi: पीएम मोदी देसवासियन के नवरात के सुभकामना देलें; नव संवत्सर के बधाई देलें

178

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देसवासियन के नवरात आ नव संवत्सर के सुभकामना देलें। ऊ एक्स पs लिखलें, ‘देस के हमरा समूचा परिवारजनन के नवरात्रि के ढेरन सुभकामना। शक्ति के महापर्व हर केहू खातिर सुख, समृद्धि, सौभाग्य आ आरोग्य लेके आइल, इहे कामना बा। जय माता दी!’

ऊ एगो आउर ट्वीट में लिखलें, ‘नवरात्रि के पहिला दिन आज मां शैलपुत्री के चरणन में हमरा नमन आ वंदन! देवी मां देस के हमरा सब परिवारजनन के में नया शक्ति आ ऊर्जा के संचार करे। रउआ सब केहू खातिर मां शैलपुत्री के ई स्तुति…’

पीएम मोदी लोगन के नव संवत्सर के बधाई देलस। ऊ लिखलें, ‘देसभर के हमरा परिवारजनन के नव संवत्सर के बहुत-बहुत बधाई। हमार कामना बा कि ई नया बरिस हर केहू खातिर सुख-समृद्धि आ आरोग्य से परिपूर्ण होखे।’

785800cookie-checkPM Modi: पीएम मोदी देसवासियन के नवरात के सुभकामना देलें; नव संवत्सर के बधाई देलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.