[the_ad_group id="30365"]

Corona Alert: खतम नइखे भइल कोरोना! बढ़त ममिला बढ़वलस चिंता, पीएम मोदी बोलवले उच्चस्तरीय बैठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Corona Alert in India: देस के कइयन राज्यन में कोविड-19 के बढ़त ममिलन के बीच केंद्र सरकार पूरा तरे मुस्तैद नजर आ रहल बिया। एही कड़ी में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज सांझ 4:30 बजे कोविड से संबंधित इस्थिति आ सार्वजनिक स्वास्थ्य तइयारियन के समीक्षा खातिर एगो हाई लेवल बैठक करिहें। आधिकारी लोग ई जानकारी दिहल।

भारत में कोरोना के 1,134 नया ममिला दर्ज

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय बुध के जारी ताजा आंकड़न के मोताबिक, भारत में कोरोना वायरस के 1,134 नया ममिला दर्ज कइल गइल बा। ओहिजा, उपचाराधीन मरीजन के संख्या बढ़के 7,026 पहुंच गइल बा। सबेरे आठ बजे जारी आंकड़न के मोताबिक, संक्रमण से पांच लोगन के मौत होखला के संगही मृतक संख्या 5,30,813 हो गइल बा। ओहिजा, दैनिक संक्रमण दर 1.09 प्रतिशत आ साप्ताहिक संक्रमण दर 0.98 प्रतिशत दर्ज कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]