Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Corona Alert: खतम नइखे भइल कोरोना! बढ़त ममिला बढ़वलस चिंता, पीएम मोदी बोलवले उच्चस्तरीय बैठक

3,139

Corona Alert in India: देस के कइयन राज्यन में कोविड-19 के बढ़त ममिलन के बीच केंद्र सरकार पूरा तरे मुस्तैद नजर आ रहल बिया। एही कड़ी में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज सांझ 4:30 बजे कोविड से संबंधित इस्थिति आ सार्वजनिक स्वास्थ्य तइयारियन के समीक्षा खातिर एगो हाई लेवल बैठक करिहें। आधिकारी लोग ई जानकारी दिहल।

भारत में कोरोना के 1,134 नया ममिला दर्ज

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय बुध के जारी ताजा आंकड़न के मोताबिक, भारत में कोरोना वायरस के 1,134 नया ममिला दर्ज कइल गइल बा। ओहिजा, उपचाराधीन मरीजन के संख्या बढ़के 7,026 पहुंच गइल बा। सबेरे आठ बजे जारी आंकड़न के मोताबिक, संक्रमण से पांच लोगन के मौत होखला के संगही मृतक संख्या 5,30,813 हो गइल बा। ओहिजा, दैनिक संक्रमण दर 1.09 प्रतिशत आ साप्ताहिक संक्रमण दर 0.98 प्रतिशत दर्ज कइल गइल।

488440cookie-checkCorona Alert: खतम नइखे भइल कोरोना! बढ़त ममिला बढ़वलस चिंता, पीएम मोदी बोलवले उच्चस्तरीय बैठक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.