Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: पीएम मोदी बिहान दु घंटा रहिहें शहर में, रूट होई डायवर्ट, जानीं समूचा बदलाव

गीता प्रेस आ रेलवे स्टेशन पs कार्यक्रम में सामिल होइहें प्रधानमंत्री, रेलवे स्टेशन पs वंदे भारत एक्सप्रेस के देखइहें हरियर झंडी। 

283

गोरखपुर: प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के गोरखपुर आगमन के लेके जोर-शोर से तइयारी हो रहल बा। 7 जुलाई माने बिहान 1:30 बजे तक पीएम के पहुंचला के उम्मीद बा। ऊ एयरपोर्ट से गीताप्रेस जइहें। गीता प्रेस पs कार्यक्रम में हिस्सा लेला के बाद 3:20 बजे तक रेलवे स्टेशन जइहें जहां ऊ वंदे भारत ट्रेन के हरियर झंडी देखइहें।

प्रधानमंत्री के कार्यक्रम के लेके पुलिस आ प्रशासनिक अधिकारियन के संगही सुरक्षा एजेंसी पूरा तरे तइयार बाड़ी सs।प्रशासनिक सूत्रन के कहनाम बा कि 7 जुलाई के प्रधानमंत्री के 1:30 बजे तक गोरखपुर पहुंचला के उम्मीद बा। प्रधानमंत्री एयरपोर्ट से गीता प्रेस अइहें। गीता प्रेस में उनका 1:45 से 2 बजे के बीच पहुंचला के उम्मीद जतावल जा रहल बा। इहां तकरीबन एक घंटा रहला के बाद प्रधानमंत्री के 3:15 से 3:20 बजे के बीच रेलवे स्टेशन पहुंचे के अनुमान लगावल जा रहल बा।

प्रशासनिक सूत्रन के कहनम बा कि गोरखपुर रेलवे स्टेशन पs आयोजित कार्यक्रम में प्रधानमंत्री सामिल होइहें आ 3:40 बजे के आस-पास वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन के हरियर झंडी देखइहें। इहां से ऊ एयरपोर्ट जइहें आ फेर वाराणसी खातिर रवाना हो जइहें। मानल जा रहल बा कि प्रधानमंत्री डेढ़ से 2 घंटा गोरखपुर में रहिहें।

पीएम के कार्यक्रम के मद्देनजर एह तरे होई रूट डायवर्जन 

इहां खड़ा होई बाहर से आवे वाला वाहन (सबेरे 11 बजे से प्रभावी)

  • लखनऊ आ वाराणसी के तरफ से आवे वाला प्राइवेट बस नौसढ़ तिराहा पs
  • सिद्धार्थनगर आ सोनौली से आवे वाला प्राइवेट बस बरगदवा में
  • महराजगंज से आवे वाला प्राइवेट बस खचांजी चौराहा के लगे
  • बिहार, कुशीनगर आ देवरिया से आवे वाला प्राइवेट बस एमएएमयूटी के लगे
  • पिपराइच मार्ग पs आवे वाला प्राइवेट बस जेल बाईपास पs
  • भारी वाहनन के नगर में कवनो मार्ग पs प्रवेश वर्जित रही

एने से जाई एंबुलेंस

  • बीआरडी से खचांजी, असुरन, कालीमंदिर से गोलघर चौराहा, अग्रसेन तिराहा, टाउनहॉल तिराहा से घोष कंपनी चौराहा से होत सदर अस्पताल से बीआरडी जाये खातिर एंबुलेंस चालक एही रास्ता से जाई।
  • बीआरडी से एम्स जाये-आवे वाली एंबुलेंस मोहद्दीपुर से जाई।
  • नौसढ़ के तरफ से आके बीआरडी जाये वाला एंबुलेंस पैडलेगंज, मोहद्दीपुर, कौवाबाग चौकी से असुरन होके आवागमन करी।
  • नौसढ़ से जिला अस्पताल आवे वाला एंबुलेंस टीपी नगर बेतियाहाता शास्त्री चौक होत जिला अस्पताल जाई।
  • एंबुलेस के आवागमन में समस्या पs 8081208538 पs फोन कs के सहायता ले सकत बानी।

एह मार्गन से वीआईपी, जनप्रतिनिधि, पुलिस आ मीडिया के लोग

  • कवनो क्षेत्र से आवे वाला वीआइपी भा जनप्रतिनिधि के वाहन हार्बर्ट बंधा से प्रवेश कs के मछली मंडी पार्किंग में खड़ा होई
  • पुलिस के दु पहिया वाहन ज्योतिबा फुले छात्रावास बंधा के बगल में खड़ा होई
  • पुलिस के चार पहिया वाहन अंध विद्यालय कैंपस में पार्क होई
  • मीडिया के दु पहिया वाहन नेहरू पार्क के बगल में खड़ा होई
  • पुलिस, पीएसी आ अर्धसैनिक बल के बड़ वाहन इंडियन ऑयल पेट्रोल पंप के लगे बंधा के किनारे खड़ा होई
  • आउर चार पहिया वाहन राजकीय आईटीआई कॉलेज परिसर (लालडिग्गी) में खड़ा होई।

गीता प्रेस जाये के रूट तय

  • गोरखनाथ, तिवारीपुर, सूरजकुंड क्षेत्र से आवे वाला आमंत्रित लोग इलाहीबाग पंपिंग सेट तिराहा से बंधा पेट्रोल पंप से साहबगंज मण्डी होत गीतांजली होटल मार्ग पs वाहनन के पार्क कs के गीताप्रेस के पिछला दुआरी से प्रवेश करी लो।
  • मोहद्दीपुर क्षेत्र आ गोलघर क्षेत्र से जाये वाला आमंत्रित लोग शास्त्री चौराहा, घोष कंपनी चौराहा, नखास, खुनीपुर चौराहा से सहबगंज मंडी होत गीतांजली होटल मार्ग पs वाहन पार्क कs के गीताप्रेस के पिछिला दुआरी से प्रवेश करी लो।
  • तारामंडल क्षेत्र, टीपी नगर, नौसढ़ आ गीडा क्षेत्र से आवे वाला आमंत्रित लोग हरबर्ट बंधा के रस्ता से इण्डियन आयल पेट्रोल टंकी से साहबगंज बाजार पार करत गीता प्रेस उत्तरी गेट से प्रवेश करी लो आ वाहन गीतांजलि होतेपु रोड पs पार्क करी लो।

शहर के अंदर एह रस्ता से आई वाहन (1:30 बजे से प्रभावी)

  • बिहार आ कुशीनगर से आवे वाला चार पहिया वाहन रामनगर करजहां से हाइवे से उतरके खोराबार बाईपास मार्ग होके अपना गंत्वय कावर जइहे सs
  • खोराबार देवरिया बाईपास से कूड़ाघाट के तरफ वाहन के प्रवेश वर्जित रही। ई वाहन सिकटौर, चिड़ियाघर होत अपना गंतव्य कावर  जइहे सs
  • असुरन से काली मंदिर के तरफ वाहन के प्रवेश वर्जित रही। ई वाहन कौवाबाग रेलवे अंडरपास होत अपना गंतव्य कावर जइहे सs
  • तमकुही तिराहा से का कचहरी चौराहा के तरफ मार्ग परिवर्तन कs के वाहन अंबेडकर चौराहा के तरफ डायवर्ट कइल जाई
  • शास्त्री चौराहा से वाहनन के मार्ग परिवर्तन कs के अम्बेडकर होके अपना गंतव्य के जइहे सs
  • अग्रसेन तिराहा से टाउनहॉल पेट्रोल पंप तिराहा के तरफ से वाहन के प्रवेश वर्जित। ई वाहन विजय चौक से सुमेर सागर होत जइहे सs
  • नखास चौराहा से रेती चौराहा आ घंटाघर से रेती वाहनन के प्रवेश वर्जित रही
  • लालडिग्गी बंधा मोड़ से कवनो वाहन (अधिकारी लोगन के अलावे) लालडिग्गी चौराहा के ओर ना जाई। वाहन बंधा होखत गंत्वय के जइहे सs
  • विजय चौराहा से गणेश चौराहा के ओर वाहन के प्रवेश वर्जित रही। ई वाहन सुमेर सागर आ अलीनगर के तरफ जइहे सs
  • सहाबगंज मंडी तिराहा से वाहनन के लालडिग्गी चौराहा के तरफ प्रवेश वर्जित रही
  • घोष कंपनी चौराहा से गीता प्रेस मेन गेट आ लालडिग्गी मार्ग पs वाहनन के प्रवेश वर्जित रही। वाहन थाना कोतवाली आ नखास चौराहा से अपना गंत्वय के ओर जाई
  • गणेश टी कंपनी (साहबगंज मंडी) के दुकान से राजस्थान अतिथि (गीता प्रेस) भवन के तरफ जाये वाला मार्ग पs सब तरे के वाहनन के प्रवेश वर्जित रही। (आमंत्रित वाहनन के छोड़ के)
  • लालडिग्गी बंधा मोड़ से कवनो कमर्शियल भा आउर प्राइवेट वाहन नेहरू पार्क तिराहा कावर ना जइहे सs
  • सहाबगंज मंडी बंधा पेट्रोल पंप से कवनो कॉमर्शियल भा हलुका वाहन के प्रवेश साहबगंज मंडी के तरफ वर्जित रही।
588370cookie-checkगोरखपुर: पीएम मोदी बिहान दु घंटा रहिहें शहर में, रूट होई डायवर्ट, जानीं समूचा बदलाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.