Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM मोदी देवघर में करिहें 16,835 करोड़ के योजनन के उद्घाटन आ शिलान्यास, देखीं पूरा लिस्ट

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 12 जुलाई के देवघर से 16,835 करोड़ रुपिया योजनन के उद्घाटन आ शिलान्यास करिहें। पीएम 6,565 करोड़ के योजनन के करिहें शिलान्यास 

741

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 12 जुलाई के देवघर आ रहल बाड़े। उहां उ 16,835 करोड़ के योजना के उद्घाटन आ  शिलान्यास करिहें। एह में 6565 करोड़ के योजना के शिलान्यास कइल जाई। पीएम मोदी जवना योजना के शिलान्यास करे जा रहल बाड़न ओहमें सड़क, परिवहन आ राजमार्ग मंत्रालय के आठ गो परियोजना, रेल मंत्रालय के तीन गो परियोजना आ पेट्रोलियम आ प्राकृतिक गैस मंत्रालय के एगो परियोजना शामिल बा।

प्रधानमंत्री 10,270 करोड़ के योजना के उद्घाटनो करिहें। एहमें नागरिक उड्डयन, पर्यटन, स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्रालय के एकह गो योजना, रेलवे के दू गो, पेट्रोलियम आ प्राकृतिक गैस मंत्रालय के तीन गो आ सड़क, परिवहन आ राजमार्ग मंत्रालय के पाँच गो योजना बा।

राँची में 853 करोड़ योजना के शिलान्यास :

झारखंड यात्रा के दौरान प्रधानमंत्री राजधानी रांची के कइयन गो योजना उपहार में दिहे। उ राजधानी में 853 करोड़ के योजना के शिलान्यास करिहें। एहमें कचहरी चौक से पिस्का मोर ले एलिवेटेड रोड, इटकी आरओबी आ रांची स्टेशन के रिडेवलपमेंट शामिल बा।

एह योजनन के कइल जाई उद्घाटन

योजना      राशि

देवघर एयरपोर्ट 401.03

बाबा बैद्यनाथ धाम का विकास 39.0

गोरहर से खैराटुंडा सिक्स लेन सड़क 1790.3

खैराटुंडा से बरवाअड्डा सिक्स लेन सड़क 1,332.8

रांची-महुलिया फोरलेन सड़क 519

चौका-साहेरबेरा फोरलेन सड़क 284.7

गोविंदपुर-चास-वेस्ट बंगाल बॉर्डर फोरलेन सड़क 1,144

बोकारो-अंगुल-जगदीशपुर-हल्दिया पाइपलाइन 2,500

बरही में नया एलपीजी प्लांट 161.5

बोकारो एलपीजी प्लांट 93.4

गढ़वा-महुरिया रेलवे डबलिंग प्रोजेक्ट 866

हंसडीहा-गोड्डा रेलवे इलेक्ट्रिफिकेशन 35

एम्स, देवघर 1,103

एह योजनन के आधारशिला रखिहें पीएम मोदी

योजना राशि

मिर्जा चौकी-फरक्का फोरलेन सड़क 1,302

हरिहरगंज से परवा मोड़ फोरलेन सड़क 1,016

पलमा-गुमला सेक्शन फोरलेन सड़क 1,564

रेहला-गढ़वा बाइपास फोरलेन सड़क 888

कचहरी चौक से पिस्का मोड़, एलिवेटेड कॉरिडोर 534.7

रांची में इटकी आरओबी 108.3

एनएच -75 पर पेव्ड सोल्डर के साथ टू लेन 315.21

एनएच -133 पर पेव्ड सोल्डर के साथ टू लेन 66.7

झरिया ब्लॉक-सरफेश फेसिलिटी और पाइपलाइन 224

रांची स्टेशन का री-डेवलपमेंट 210

जसीडीह बाइपास न्यू लेन 294

गोड्डा कोच मेंटेनेंस डिपो 40

(नोट : राशि करोड़ ₹ में)

289720cookie-checkPM मोदी देवघर में करिहें 16,835 करोड़ के योजनन के उद्घाटन आ शिलान्यास, देखीं पूरा लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.