[the_ad_group id="30365"]

अब दिल्ली ले दौड़ी नमो भारत ट्रेन, 29 दिसंबर के PM मोदी करिहें आनंद विहार स्टेशन के उद्घाटन

नमो भारत ट्रेन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार के दिने साहिबाबाद से आनंद विहार स्टेशन जाए वाली नमो भारत ट्रेन के झंडा देखा दीहें.  एकरा के देखत गाजियाबाद में सुरक्षा बढ़ावल गईल बा।  अधिकारी के मुताबिक एs कार्यक्रम के तैयारी खातीर गाजियाबाद पुलिस आठ थाना क्षेत्र के ड्रोन मुक्त क्षेत्र घोषित कs देले बिया। प्रधानमंत्री के यात्रा के दौरान अधिकतम सुरक्षा सुनिश्चित करे खातीर कोतवाली, मधुबन बापूधाम, नंदग्राम, लिंक रोड, साहिबाबाद, इंदिरापुरम, सिहानी गेट अवुरी कौशांबी थाना क्षेत्र में ड्रोन के उड़ान पs रोक लगा दिहल गईल बा।

बीएनएस के धारा 163 लागू हो गइल
पुलिस कानून व्यवस्था के कायम राखे खातिर भारतीय नागरिक रक्षा संहिता के धारा 163 (गड़बड़ी भा खतरा के आशंका के जरूरी मामला में आदेश जारी करे के अधिकार) के भी इस्तेमाल कईले बिया। कुमार कहले कि, शहर भर में सुरक्षा कड़ा कs दिहल गईल बा अवुरी हमनी के जल्दिए एs आयोजन के दौरान सुचारू रूप से आवाजाही खातीर परिवर्तन योजना जारी करब।

हाई स्पीड रैपिड ट्रेन ‘नमो भारत’ अलग

बता दी कि नमो भारत ट्रेन भारत के भविष्य के क्षेत्रीय रैपिड ट्रांजिट सिस्टम के हिस्सा हs, जवन आधुनिक, हाई स्पीड कनेक्टिविटी प्रदान करेला। स्मार्ट टिकटिंग, आरामदायक सीटिंग अवुरी बेहतर सुरक्षा प्रणालियन जईसन एडवांस फीचर से लैस एs ट्रेन के मकसद शहरी इलाका में यातायात के भीड़ अवुरी प्रदूषण के कम करे के संगे सहज यात्रा अनुभव देवे के बा।

इs ट्रेन दिल्ली से मेरठ के बीच 82 किलोमीटर के रूट पs चली

30,274 करोड़ रुपया के एs परियोजना के पूरा गलियारा 82 किलोमीटर लंबा होई अवुरी इs दिल्ली के सराय काले खान स्टेशन से लेके मेरठ के मोदीपुरम ले फैलल होई।  मेरठ से दिल्ली के बीच मेल एक्सप्रेस ट्रेन में डेढ़ घंटा अवुरी लोकल ट्रेन में दु घंटा लागेला, बाकिर आरआरटीएस में मात्र 55-60 मिनट लागी।  ई पूरा प्रोजेक्ट जून 2025 में पूरा होखे के उमेद बा।  बता दीं कि एह प्रोजेक्ट के शिलान्यास 8 मार्च 2019 के पीएम मोदी कइले रहले.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: पाचन क्रिया होई दुरुस्त, करीं दूर इs तीन गो yoga

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]