[the_ad_group id="30365"]

PM Modi News: पीएम मोदी के नामांकन… आखिरी दिने काहे ? उनका ट्वीट में छिपल बा राज, ई बा बड़ वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PM Modi News: प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी लोकसभा चुनाव खातिर काशी से तीसरी बार नामांकन में संपूर्ण शास्त्रीय विधान के ध्यान रखिहे । पर्चा दाखिला के खातिर चुनल गई तिथि वैशाख शुक्ल सप्तमी बा। गंगा के उत्पत्ति तिथि होखला से वैशाख शुक्ल सप्तमी तऽ एहूँग बेहद पुण्यकारी मानल जाला। अबकी नक्षत्रराज पुष्य के साथे सर्वार्थ सिद्धि आ रवि योग के संजोगो बन रहल बा।

धर्मशास्त्रीय मान्यता बा कि एह तिथि में मां गंगा के स्वर्ग में उत्पत्ति भइल आ उऽ भगवान शिव के जटा में स्थान पवली। पर्व विशेष पs स्नान के विशेष महत्व बा। पर्व मान के अनुसार मोदी नामांकन से पहिले दशाश्वमेध घाट पs गंगा स्नान करिहें।

गंगा के उत्पत्ति तिथि होखे से वैशाख शुक्ल सप्तमी तऽ ओहिंग बेहद पुण्यकारी मानल जाला। एह बेर नक्षत्रराज पुष्य के साथे सर्वार्थ सिद्धि आ रवि योग के संजोगो बन रहल बा। ज्योतिर्विदों के अनुसार दुनु योग कार्य सिद्धि खातिर विशेष शुभ मानल जाला।

पीएम मोदी ट्वीट में लिखले ई बात

पीएम मोदी के अंतर्मन में ई भाव बा कि गंगा ने उनका के गोद लेले बाड़ी। उऽ पहिलहू अइसन कह चुकल बाड़े आ रोड शो के बादो उऽ एक्स पs लिखले, ‘ रउआ स्नेह के छांव में दस बरिस कइसे बीत गइल, पते ना चलल। तब हम कहले रही कि माई गंगा हमरा के बोलवले बाड़ी। आज माई गंगा हमरा के गोद ले लेले बाड़ी’।

हालांकि, पीएम इहो कह चुकल बाड़े, ‘ पहिला बेर से अबही ले जतना नामांकन कइनी, माई के गोर छू के जात रही। ई हमरा जिंदगी के चुनाव हऽ जब हम माई के गोर छुअला बिना जाइब। बाकिर मन में भावो आवेला कि 140 करोड़ के देश के करोड़ों माई बाड़ी, उऽ लोग जवना तरे हमरा के परेम देलस, आशीर्वाद देलस, उनकर स्मरण करके जाइब आ फेर माई गंगा तऽ बड़ले बाड़ी’।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]