Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पीएम मोदी देश के टॉप ऑनलाइन गेमर्स से मिल के खेलले गेम…

1,149

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी डिजिटल कंटेंट क्रिएटर्स के बाद बियफे के देश के कुछ शीर्ष गेमर्स सन से मुलाकात कइले आ बातचीत कइले। एही दौरान उऽ वर्चुअल रियलिटी गेम्सो में हाथ आजमवले। पीएम मोदी खिलाड़ियन के साथे गेमिंग उद्योग में कुछ मौजूदा मुद्दन पऽ चर्चा कइले। अपना सरकार के कार्यकाल के दौरान हमेशा डिजिटल इंडिया के विज्ञापन करे वाला पीएम मोदी कहले कि उऽ भारत में गेमिंग उद्योग के बढ़ावा देवे आ ए रचनाकारन के रचनात्मकता के अपनावे के दिशा में काम करिहें।

Country’s Top Online Gamer: मोदी गेमिंग उद्योग में नया विकास पऽ कइले चरचा

गेमर्स के साथे प्रधानमंत्री के बातचीत के एगो छोट वीडियो एक्स पर साझा करत भाजपा आईटी सेल प्रमुख अमित मालवीय कहले कि उऽ गेमिंग उद्योग में नया विकास पऽ चर्चा कइले आ कइसे मोदी सरकार भारत में गेमिंग उद्योग के बढ़ावा देवे वाला गेमर्स सन के रचनात्मकता के पहचनले।

पीएम मोदी गेमिंग उद्योग में महिला लो के भागीदारी पऽ चर्चा करत जुआ बनाम गेमिंग से संबंधित मुद्दनो पs चर्चा कइले। पीएम के मुलाकात में तीर्थ मेहता, पायल धरे, अनिमेष अग्रवाल, अंशू बिष्ट, नमन माथुर, मिथिलेश पाटणकर आ गणेश गंगाधर जइसन शीर्ष भारतीय गेमर्स शामिल रहले। गेमर्स सन के पीएम मोदी के साथे मजाको करत देखल गइल, जहवां उऽ भारत में गेमिंग के कॅरियर के रूप में वैध बनावे के संघर्ष के साथे-साथ डिजिटल स्पेस में सीढ़ी चढ़े के संघर्ष पs चर्चा कइले।

Country’s Top Online Gamer: लोकप्रिय गेम खेलत दिखले मोदी

एही दौरान पीएम मोदी  कई गेम्स में हाथ आजमवले। सोशल मीडिया पऽ साझा कइल गइल वीडियो क्लिप में, प्रधानमंत्री के वीआर हेडसेट पहीरल आ लोकप्रिय गेम खेलत देखल गइल बा। गेमर्स ए बात पऽ आश्चर्य व्यक्त कइले कि वरिष्ठ राजनेता कतना तेजी से नया पीढ़ी के ऑनलाइन गेम के सार समझे में सक्षम बाड़न।

Country’s Top Online Gamer: भारत में 45-50 करोड़ खिलाड़ियन के विशाल गेमिंग दर्शक वर्ग

भारत में ए घरी 45-55 करोड़ खिलाड़ियन के एगो विशाल गेमिंग दर्शक वर्ग बा। हाल के उद्योग आंकड़न के अनुसार, 2013 में भारतीय गेमिंग उद्योग 3.1 अरब डॉलर के राजस्व अर्जित कइलस, जवन वित्तवर्ष 2012 में 2.6 अरब डॉलर से 19 फीसदी के वृद्धि दर्शावत बा। पायल धरे अपने इंस्टाग्राम पोस्ट में कहली कि पीएम मोदी के साथ ई-गेमिंग आ कंटेंट निर्माण के भविष्य पऽ चर्चा करे वाली एकमात्र महिला गेमर होखल सम्मान के बात बा। उऽ कहली कि हमनी के आवाज के पहचनले आ ए उद्योग में समावेशिता के मार्ग प्रशस्त खातिर धन्यवाद।

आखिर में एही दौरान पीएम क्रिएटर्स के बधाई देत कहले, कवनो सेक्टर के महाशक्ति सरकार के प्रेरित तऽ कइलस कि कब तक बइठल रहबऽ, कुछ तऽ सोचऽ। एहिसे तू लो बधाई के पात्र बाड़ऽ। एकर श्रेय भारत के हर कंटेंट क्रिएटर के जाता। तू लो जवन हिम्मत दिखवलऽ, ओही कारण तू लोग इहाँ पहुंचल बाड़ऽ आ देश बड़ी आशा के साथे तू लोग के देख रहल बा। तोहरा लोग के कंटेंट पूरा भारत में जबरदस्त इंपैक्ट क्रिएट कर रहल बा।

789230cookie-checkपीएम मोदी देश के टॉप ऑनलाइन गेमर्स से मिल के खेलले गेम…

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.