[the_ad_group id="30365"]

NDA के सरकार बनले के बाद पहिला बेर बिहार जइहें पीएम मोदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुछ दिन पहिले बिहार में एगो बड़ राजनीतिक उथल-पुथल देखाई देलस जब राज्य के सीएम नीतीश कुमार लालू प्रसाद यादव के RJD से संबंध तूड़ के भाजपा के नेतृत्व वाला एनडीए गठबंधन में वापस आ गईले। एकरा बाद नीतीश नौवीं बेर सीएन के शपथ लेले अवुरी दिल्ली जाके पीएम मोदी समेत भाजपा के शीर्ष नेता से मुलाकात कईले। संगही अब खबर आ गईल बा कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भी बिहार जाए वाला बाड़े। पीएम मोदी राज्य के 2 जिला में बैठक के संबोधित करीहे।

2 मार्च के पीएम मोदी के रैली

एनडीए के नयकी सरकार बनला के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 2 मार्च के पहिला बेर बिहार के दौरा करीहे। पीएम के पहिला कार्यक्रम दुपहरिया एक बजे औरंगाबाद में होई जबकि दूसरा कार्यक्रम ओही दिन दुपहरिया चार बजे बेगूसराय में होई। जानकारी के मुताबिक एs दौरान बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भी उनुका संगे रहीहे।

3 मार्च के विपक्षी दल के रैली

लोकसभा चुनाव से पहिले एकता साबित करे खातीर 3 मार्च के विपक्षी दल के रैली के आयोजन भी कईल जाई। पटना के गांधी मैदान में होखे वाला एह रैली में राहुल गांधी, लालू यादव, सीताराम येचूरी, डी. राजा, तेजस्वी, दीपंकर भट्टाचार्य जईसन बड़ नेता एक संगे देखाई दिही। एकर नाम जन विश्वास महारैली राखल गइल बा।

पीएम मोदी बंगाल जा रहल बाड़े

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के पश्चिम बंगाल यात्रा के भी फैसला हो चुकल बाड़े। जानकारी के मुताबिक उ 1 अवुरी 2 मार्च के बंगाल के दौरा करीहे। जानकारी के मुताबिक प्रधानमंत्री 1 अवुरी 2 मार्च के आरामबाग अवुरी कृष्णानगर के दौरा करीहे। ई पश्चिम बंगाल के नदिया जिला में बा। प्रधानमंत्री 6 मार्च के बारासात जइहें। बता दीं कि पश्चिम बंगाल के संदेशखाली घटना के बाद पीएम मोदी के बंगाल यात्रा के लेके अटकलबाजी होखत रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]