[the_ad_group id="30365"]

पीएम किसान योजना : पीएम किसान में पति-पत्नी दुनो के 6 हजार रुपया मिली! जान लीं कि हकीकत का ह?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम किसान योजना : पीएम किसान में पति-पत्नी दुनो के 6 हजार रुपया मिली! जान लीं कि हकीकत का ह?

पीएम किसान ताजा खबर : केंद्र के मोदी सरकार के ओर से किसान के आमदनी बढ़ावे खातीर बहुत योजना चलावल जाता। एहमें से सबसे महत्वाकांक्षी योजना के नाम बा ‘प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि योजना’ (पीएम किसान सम्मान निधि योजना)। एह योजना के तहत हर साल 6 हजार रुपया के राशि किसान के खाता में भेजल जाला। इ रकम सालाना तीन किस्त में लाभार्थी के भेजल जाला। अभी तक 13 किस्त भेजल गईल बा, किसान 14वीं किस्त के इंतजार में बाड़े।

तीन किस्तन में मिलेला 2-2 हजार रुपिया

पीएम किसान योजना के तहत सरकार एक साल में तीन किस्त में किसान के 2-2 हजार रुपया देवेले। इ पईसा हर चार महीना के अंतराल पे किसान के खाता में ट्रांसफर हो जाला। अक्सर लोग के मन में सवाल उठत रहेला कि का पति-पत्नी दुनो ए योजना के फायदा उठा सकतारे? एकरा के सरकार पहिलही से साफ क देले बिया।

 

 दू आदमी मिल के फायदा ना उठा सके

सरकार के नियम के मुताबिक किसान परिवार में सिर्फ एक आदमी पीएम किसान योजना के लाभ ले सकतारे। ए योजना के तहत कवनो किसान अपना नाम चाहे अपना परिवार के कवनो सदस्य के नाम दर्ज क सकता। एहसे दु लोग एक संगे ए योजना के लाभ के लाभ नईखन ले सकत। बहुत लोग अयीसन अफवाह पे विश्वास करतारे।

योजना के फायदा उठावे खातीर किसान के जमीन के रिकॉर्ड के सत्यापन करे के होई। ई-केवाईसी ऑनलाइन पूरा करे के होई। एकरा के पूरा कईला के बाद किसान के पीएम किसान योजना के आधिकारिक वेबसाइट पे जाके रजिस्ट्रेशन करावे के होई। अगर रउरा एह योजना के फायदा उठावल चाहत बानी त रउरा ई सुनिश्चित करे के पड़ी कि रउरा बैंक खाता आ आधार नंबर के बारे में जानकारी सही बा |

 

कवनो समस्या खातिर संपर्क करीं

ईमेल आईडी pmkisan-ict@gov.in

हेल्पलाइन नंबर- 155261

1800115526 (Toll Free)

011-23381092 पे संपर्क क सकेनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]