[the_ad_group id="30365"]

मंच पऽ एक साथे खड़ा रहले पीएम-सीएम, प्रधानमंत्री मोदी इशारा में कऽ देले मुख्यमंत्री योगी के तारीफ, बाजे लागल ताली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वाराणसी में आयोजित चुनावी रैली में सीएम योगी के तारीफ करत घरी विपक्ष पs जोड़दार हमला बोलले। एही दौरान पीएम मोदी जवना मंच से भाषण देत रहले ओही पs प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथो मौजूद रहले। पीएम मोदी कहले कि कांग्रेस-सपा महिला लो के उपेक्षा आ असुरक्षा देलस। इंडी गठबंधन के मानसिकता महिला विरोधी बा।

पीएम मोदी कहले – इंडी वाले महिला आरक्षण के विरोध करऽता, महिला लो के जीयल दूभर हो जाई। बनारस के लोग यूपी बिहार दुनु में रहल बा, परिचित बा। बहिन बेटियन के घर से निकलल मुश्किल रहे, शिक्षा के बिना बेटियन के घरे बइठे के पड़त रहे।

उऽ कहले कि सपा वाला बेशर्मी से कहेला ‘लइका हऽ, लइका से गलती हो जाला’  अब सपा के लइका गलती करके देखावस… योगी सरकार उनकर जवन हाल करी, जवन उऽ लोग सोचलहु ना होइहें। उऽ कहले कि पहिला बेर केंद्र में अइसन सरकार आइल बिया, जवन महिला लो के सम्मान के चिंता कइले बिया।

बता दी कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी मंगर के सांझ साढ़े पांच बजे बाबतपुर एयरपोर्ट से संपूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय परिसर में आयोजित ‘नारी शक्ति संवाद’ कार्यक्रम में उऽ शामिल होखे पहुंचले। एही दौरान लगभग 25,000 महिला लो के उऽ संबोधित कइले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]