Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ढाई सौ किलोमीटर के यात्रा सड़क पs लेट के पूरा करे के प्रतिज्ञा

2,567

खड्डा से ढाई सौ किलोमीटर दूर अयोध्या ले जमीन पर लेट के (दंडवत) भगवान श्रीराम के दर्शन करे खातिर निकलल श्रीकांत उर्फ झमेला सिंह बियफ़े के खड्डा कस्बा में पहुंचलें। इहां विधायक सहित व्यापारी लोग उनकर स्वागत कइलें।

क्षेत्र के मदनपुर सुकरौली निवासी 40 वर्षीय श्रीकांत उर्फ झमेला सिंह सोमार को गांव के शिवमंदिर में पूजा कs के अयोध्या धाम दर्शन खातिर भूमि पर लेट के चलल शुरू कइलें। बियफ़े के सुबह कस्बा के हनुमान मंदिर चौक पहुंचलें। इहां विधायक विवेकानंद पांडेय के अगुवाई में नगरवासी लोग फूल माला से उनकर जोरदार स्वागत कइल।

झमेला सिंह के साथ सहयोगी के रूप में उनके दूनों पुत्र अनमोल (15) अउर अभिषेक (12) भी साथे बानें। विधायक दूनों लइकन के सुविधा खातिर नया साइकिल अपने लगसे देहलें। सोमार के यात्रा शुरू कs कर भगवान राम अउर हनुमान जी के नाम जपत बियफ़े ले आठ किलोमीटर के दूरी तय कs खड्डा पहुंचे बवाले झमेला के देखे खातिर रास्ता में लोग के भीड़ एकट्ठा हो रहल बा।

लोग इनकर श्रद्धा अउर आस्था के सराह रहल बानें। खड्डा पहुंचले पर इनके स्वागत में दुर्गेश्वर वर्मा, बृजेश मिश्रा, आनंद सिंह, प्रिंस मद्धेशिया, संतोष जायसवाल, प्रदीप शर्मा, डिंपल सिंह आदि मौजूद रहलें।

355670cookie-checkढाई सौ किलोमीटर के यात्रा सड़क पs लेट के पूरा करे के प्रतिज्ञा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.