[the_ad_group id="30365"]

पौधरोपण महाभियान : गोरखपुर के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग में भइल पौधरोपण, विद्यार्थियन के कइल गइल जागरूक 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

  • विभागाध्यक्ष दीपक त्यागी बोललें – पेड़-पवधन से आवे वाला पीढी के जिनगी सुरक्षित रहेला
  • पीपल, आम, पाकड़, नीम, बकैन, छितवन, अमरूद, मौलश्री, जामुन आदि पौधन के कइल गइल रोपण

गोरखपुर (अरुण राय)। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर  विश्वविद्यालय के हिंदी एवं आधुनिक भारतीय भाषा तथा पत्रकारिता विभाग में ‘पौधरोपण महाभियान’ के अंतर्गत सनीचर के पौधरोपण कइल गइल।

विभाग के ओर पौधरोपण कs पेड़- पवधान के महत्व आ ओकरा संरक्षण के महत्ता के विषय पs विद्यार्थियन के जागरूक कइल गइल। हिंदी विभाग के विभागाध्यक्ष प्रो. दीपक त्यागी कहलें कि पेड़ हवा के गुणवत्ता के बेहतर बनावेला। पेड़ खाली प्रदूषण के कमे ना करेला आ हमनी के जिये खातिर ऑक्सीजनो देला। जवना से आवे वाली पीढियन के जिनगी सुरक्षित रहेला।

बीएजेएमसी आ एमएजेएमसी पाठ्यक्रम के समन्वयक  राजेश मल्ल कहलें कि आज जरूरत सतत विकास पs धेयान देवे के बा, ताकि आवे वाला पीढ़ियन के हमनी के स्वच्छ हवा आ बेहतर वातावरण प्रदान कs सकी सs।

एह दौरान पीपल, आम, पाकड़, नीम, बकैन, छितवन, अमरूद, मौलश्री, जामुन आदि के पवधन के रोपण कइल गइल। एह पौधरोपण कार्यक्रम में पत्रकारिता विभाग के समन्वयक प्रो. राजेश मल्ल, सहायक समन्वयक डॉ. रामनरेश राम, डॉ. नरेंद्र कुमार, डॉ. रजनीश कुमार चतुर्वेदी, डॉ. नरगिस बानो आ आउर विद्यार्थीगण एह अभियान में सक्रिय सहभागिता निभावल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]