[the_ad_group id="30365"]

कनाडा में प्लेन क्रैश, दु भारतीय ट्रेनी पायलटन समेत तीन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कनाडा से एगो बहुत दर्दनाक खबर आ रहल बा। वैंकूवर का लगे चिल्लीवैक में एगो छोट विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा। एह हादसा में दू गो भारतीय ट्रेनी पायलट समेत तीन लोग के मउत हो गइल। स्थानीय मीडिया के मुताबिक, इलाके में एक पेड़ से टकरा के विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक मरेवाला दुनो भारतीय पायलट मुंबई के निवासी रहले। हालांकि मरेवाला के पहचान अबे ले सार्वजनिक नईखे भईल।

दुर्घटना के बाद एगो स्थानीय अधिकारी बतवले कि पाइपर पीए-34 सेनेका, जवन कि एगो जुड़वा इंजन वाला हल्का विमान ह, स्थानीय समय के करीब दुपहर 2 बजे (2100 जीएमटी) हवाई अड्डा से करीब एक किलोमीटर दूर एगो मोटल के बगल में दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। एह हादसा में पायलट समेत तीन लोग के मउत हो गइल।हालांकि अबे तक दुर्घटना के कारण के जानकारी नईखे मिलल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]