PKL-12 के भइल सानदार आगाज; वैभव सूर्यवंशी देखवले आपन तेवर, पुनेरी पलटन बेंगलुरू बुल्स के जबड़ा से छीनलस जीत

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 30, 2025

Pro Kabaddi League: प्रो कबड्डी लीग के 12वां सीजन के आगाज रोमांचक अंदाज में सुक के भइल। उद्घाटन में विस्फोटक युवा बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी आपन तेवर देखवलें। उ बैट-बॉल से जलवा बिखेरलें। ओहिजा, जब मैच

Share

Pro Kabaddi League: प्रो कबड्डी लीग के 12वां सीजन के आगाज रोमांचक अंदाज में सुक के भइल। उद्घाटन में विस्फोटक युवा बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी आपन तेवर देखवलें। उ बैट-बॉल से जलवा बिखेरलें। ओहिजा, जब मैच सुरू भइल तs पुनेरी पल्टन के टीम बेंगलुरू बुल्स के जबड़ा से जीत छीनके टूर्नामेंट के सानदार आगाज कइलस। पुनेरी पलटन बेंगलुरू बुल्स के 6-4 से मात देलस। 40 मिनट के खेल के बाद स्कोर 32-32 रहे, जवना के चलते नया नियम लागू कइल गइल आ रिजल्ट टाईब्रेकर से निकालल गइल।

टाइ ब्रेकर में लउकल रोमांच

टाईब्रेकर में हर टीम रेड करे खातिर पांच-पांच रेडर चुनलस। ओहिजा, डिफेंस खातिर मैट पs कुल सात खिलाड़ी रहे लोग। पल्टन खातिर पहिला रेड पंकज मोहिते कइलें आ अंक लेके लवटलें। एकरा बाद अलीरेजा अपना टीम के कमबैक करवलें आ 1-1 से बराबर कs देलें। एकरा बाद पल्टन खातिर आदित्य शिंदे बोनस लेलें आ 2-1 से बढ़त बना देलें। बुल्स खातिर दूसरका रेड गणेश हनमंतगोल कइलें आ एकरा के फेर 2-2 के बराबरी पs लेआ देलें। कुछ देर ई सिलसिला चलल बाकिर फेर पल्टन खातिर आखिरी रेड असलम कइलें आ स्कोर 5-4 कs देलें। फेर मैच के अंतिम रेड पs बुल्स के धीरज राजवीर के लपक विशाल भारद्वाज पल्टन के जीत पक्का कs देलें।

बुल्स कइले रहे धमाकेदार सुरुआत

भलही बुल्स के टीम मुकाबला ना जीतल बाकिर सुरुआती तीन मिनट धमाकेदार सुरुआत से 4-2 के लीड बना लेले रहे। आदित्य हालांकि सुपर रेड के संगे पल्टन के 5-4 से आगे कs देलें। बुल्स हालांकि अच्छा वापसी कइलें आ जल्दिये स्कोर 7-7 कs देलें। सुरुआती 10 मिनट के समाप्ति तक पल्टन एह सीजन के पहिला टैकल प्वाइंट के संगे 8-7 के लीड बना लेले रहे।

आखिरी 4 मिनट में पलटल बाजी

मैच में दुनो टीमन के बीच कांटा के टक्कर रहे, बाकिर अंत में खेल खत्म होखे में चार मिनट बांचल रहे आ स्कोर 31-29 से पल्टन के हक में रहे। समय बितल जात रहे आ खेल डू आ डाई रेड पs चलr रहे। आदित्य अइलें आ अंकुश उनका के लपक हाई-5 पूरा कs के स्कोर के करीब ले अइलें। फेर आकाश गौरव आ असमल के आउट कs के बुल्स के 32-31 से आगे कs देलें। पल्टन के अंतिम रेड पs पंकज के नाटकीय तौर पs जर्सी पुलिंग खातिर एक अंक मिलल आ एह तरे 32-32 के स्कोर पs मैच टाइब्रेकर में चल गइल।

Read Also: Asia Cup 2025 : टीम इंडिया के जीत के संगे सुरुआत, कप्तान हरमनप्रीत लगवलें जोरदार हैट्रिक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.