[the_ad_group id="30365"]

12 से 14 फरवरी तक हथियारन के होई भौतिक सत्यापन : लोकसभा चुनाव के लेके DM देलें निरदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आवे वाला लोक सभा चुनाव के धेयान में रखत सीवान में प्रशासनिक तइयारी तेज कs दिहल गइल बा। एकरा के लेके अब शस्त्र अनुज्ञप्ति धारियन के भौतिक सत्यापन कइल जाई। 12 फरवरी से लेके 15 फरवरी के बीच शस्त्र के भौतिक सत्यापन करावल जाये के बा। सब थाना मे शस्त्र के भौतिक सत्यपान करावल जाई। एकरा खातिर सब थाना में दंडाधिकारी के प्रतिनियुक्ति कइल गइल बा।

डीएम थानाध्यक्षन के सउपले जिम्मेदारी

जिला अधिकारी मुकुल कुमार गुप्ता के निरदेस पs सब थाना में दंडाधिकारी आ थाना अध्यक्ष के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। थाना परिसर में हरदिन थाना अध्यक्ष आ प्रतिनियुक्त दंडाधिकारी शस्त्र के भौतिक सत्यापन करी लो। सबेरे के 10:00 बजे से लेकर सांझ के चार बजे तक शस्त्र सत्यापन होई।

शस्त्र के सत्यापन के बाद 16 फरवरी के सब दंडाधिकारी, जिला अधिकारी के सत्यापित शस्त्रन के सूची उपलब्ध कराई लो। संगही सब अनुज्ञप्तिधारी शस्त्रधारियन के निरदेस दिहल गइल बा कि 12-15 फरवरी के बीच अपना शस्त्र के भौतिक सत्यापन करा लेवे लो ना तs शस्त्र अवैध करार दिहल जाई।

सब थाना में प्रतिनियुक्त दंडाधिकारी

जीरादेई, आंदर, मैरवा, नौतन, गुठनी, दरौली, हुसैनगज, रघुनाथपुर, सिसवन, पचरुखी, बरहड़िया, बसंतपुर, भगवानपुर, गोरेयकोठी थाना मे थाना अध्यक्ष के संगे-संगे प्रखंड के सीओ थाना मे शस्त्र के भौतिक सत्यापन करी लो। ओहिजा असांव, हसनपुरा, जामों, महाराजगंज मे प्रखंड विकास प्राधिकारी थाना अध्यक्ष के साथ शस्त्र के भौतिक सत्यापन करी लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]