जेपी यूनिवर्सिटी में ऑनलाइन होई पीजी के मौखिक परीक्षा : 18 मार्च के होई सीनेट के बैठक, 19 अरब के बजट कइल जाई पेश

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 17, 2024

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में शैक्षणिक बदलाव के लेके बैठक कs के निर्णय लिहल जा रहल बा। एह क्रम में एकेडमिक काउंसिल के बैठक आयोजित कइल गइल। एमे पीजी के मौखिक परीक्षा ऑनलाइन करावे के निर्णय

Share

जय प्रकाश विश्वविद्यालय।

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में शैक्षणिक बदलाव के लेके बैठक कs के निर्णय लिहल जा रहल बा। एह क्रम में एकेडमिक काउंसिल के बैठक आयोजित कइल गइल। एमे पीजी के मौखिक परीक्षा ऑनलाइन करावे के निर्णय लिहल गइल बा। एह फैसला से छात्र आ विभाग दुनो के सहूलियत होई। एकरा संगही नया शिक्षा नीति के तहत सीबीसीएस पाठ्यक्रम के संचालन खातिर कइयन गो निर्णय लिहल गइल बा।

पीआरओ प्रो. हरिश्चंद्र बतवलें कि पीजी के मौखिक परीक्षा खातिर ऑनलाइन फॉर्म जमा होखला के बाद वीडियो कॉन्फ्रेंस के माध्यम से परीक्षा लिहल जाई। एकरा खातिर सब विभागन आ सब कॉलेजन में सेटअप लगावल जाई। ऑनलाइन मौखिक परीक्षा लिहला से छात्र आ विभाग के समय के बचत होई।

एकरा अलावे ऊ कहलें कि 18 मार्च के विश्वविद्यालय में सीनेट के बैठक होखे के बा। एकर तइयारी अंतिम चरण में बा आ एमे राज्यपालो सामिल होइहें। बैठक में अबकी बेर एकेडमिक आ वित्तीय क्षेत्र से जुड़ल कइयन गो बड़ निर्णय लिहल जाई। कइयन गो नया विषयन के पढ़ाई सुरू करे के प्रस्तावो अबकी बेर रखल जाई।

ओहिजा बैठक से पहिले विश्वविद्यालय वित्त समिति के बैठक आयोजित होई। अबकी बेर पिछला साल के तुलना में तीन गुना अधिक के बजट तइयार कइल गइल बा। वित्त समिति के बैठक में फिलहाल बजट 19.35 अरब के अनुमोदन पs विचार होखे के बा। एमे सामान्य बजट 5.41 अरब, जबकि 13.94 अरब इन्फ्रास्ट्रक्चर बजट के रूप में बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.