[the_ad_group id="30365"]

जेपीविवि में पीजी फर्स्ट सेमेस्टर परीक्षा के फॉर्म भरे के तिथि बढ़ल, 15 जुलाई तक विलंब शुल्क के संगे जमा हो सकी फार्म

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा: जेपीविवि प्रशासन छात्र हित में पीजी फर्स्ट सेमेस्टर सत्र-2021- परीक्षा-2021 के परीक्षा फॉर्म भरे के तिथि विस्तारित कs देले बा। अब फॉर्म भरे से वंचित छात्र विलंब शुल्क के संगे माने 15 जुलाई तक परीक्षा फॉर्म भर सकी लो। पहिले फार्म भरे के तिथि 3 से 10 जुलाई तक निर्धारित रहे। हालांकि बड़ संख्या में छात्रन के परीक्षा फॉर्म भरला से वंचित रह गइला के शिकायत मिलत रहे। अइसन में विश्वविद्यालय प्रशासन परीक्षा फॉर्म भरे के तिथि 15 जुलाई तक विस्तारित कs देले बा।

कॉलेज आ विभाग के परीक्षा प्रपत्र के सूची सीडी के संगे विवि में जमा करे के तिथि बढ़ाके 17 जुलाई निर्धारित कइल गइल बा। बता दीं की एह सत्र के छात्रन के परीक्षा 2021 में आयोजित करे के रहे। बाकिर कुछ कारणन से सत्र विलंब से चल रहल बा। बहरहाल, विवि प्रशासन संभवत: जुलाई माह में परीक्षा के आयोजन कs लेवे के तइयारी में बा।

परीक्षा शुल्क के रूप में सैद्धांतिक विषयन के छात्रन खातिर 700 आ प्रायोगिक विषयन के छात्रन खातिर 900 रुपिया निर्धारित कइल गइल बा। अब विलंब शुल्क के रूप में प्रत्येक छात्र के ₹200 अतिरिक्त राशि जमा करावे के होई।

ऑनलाईन आवेदन के संगे जमा करे के होई हार्ड कॉपी

पीजी फर्स्ट सेमेस्टर के परीक्षा 2021 में सामिल होखे वाला छात्रन के विवि के अधिकृत वेबसाईट जेपीवीएडमिशन.ओआरजी पs ऑनलाईन फार्म भरे के संगही ओकर हार्ड कॉपी वांछनिय कागजात के संगे कॉलेज आ विभाग में सत्यापित कराके निर्धारित शुल्क के संगे उहवां जमा करे के होई। परीक्षा फार्म भरे खातिर विवि द्वारा शुल्क निर्धारित कs दिहल गइल बा। ओने परीक्षा नियंत्रक सब पीजी कॉलेजन के प्राचार्यन आ हेड के विवि में रजिस्ट्रेशन करा चुकल निर्धारित उपस्थिति के कोरम के पूरा करे वाला छात्रन के परीक्षा फार्म भरे के जोग माने आ ओकरे परीक्षा फार्म भरवावे के कहलें बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]