[the_ad_group id="30365"]

फुलवारी लीला के शृंगारिक मंचन देखके खुसी से झूम उठलें दर्शक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज के ग्राम पंचायत गहिला में चल रहल रामलीला के आज नवरात्रि के चउथा दिन अखण्ड प्रताप यादव दीप प्रज्ज्वलित आ फीता काटके रामलीला के सुभारंभ कइल गइल। एकर आयोजक दिवाकर नाथ तिवारी आ राजेन्द्र सिंह बा लो। रामलीला समिति के अध्यक्ष राकेश यादव बाड़ें। संचालन रामसमुज आ शैलेश कुमार के तरफ कइल जा रहल बा।

श्रीरामलीला मंचन के तीसरका दिन जनक बाजार आ फुलवारी लीला के प्रसंगन के मंचन भइल। राजा जनक के आमंत्रण विश्वामित्र के आवेला। विश्वामित्र मिथिला जात समय राम के गंगा माता पृथ्वी पs कइसे आई एकर कथा सुनावल गइल। श्रीराम-लक्ष्मण मिथिला पहुंचत बा लो। प्रभु श्रीराम गुरु विश्वामित्र से आज्ञा लेके जनकपुर घूमे जात बा लो। एह सुंदर श्याम-गौर जोड़ी के देखके जनकपुरी के निवासी भाव विह्वल हो जात बा लो।

दुनो भाई घूमत-घूमत जनकपुर के पुष्प वाटिका में पहुंच जात बा लो आ गुरु के पूजा खातिर पुष्प चुने लागत बा लो। ओहि समय जनक नंदिनी सीता अपना सहेलियन के संगे पुष्प वाटिका में प्रवेश करत बाड़ी। जानकी के प्रिय सखी दुनो जोड़ियन के देखके भाव-विह्वल हो जाला। तबे सीता के नजर प्रभु श्रीराम पs पड़त बा आ उहो देखके पलक झपकल भूल जात बा। ई श्रृंगारिक मंचन देखके दर्शक जयकारा लगावेला लो। सीता गौरी माता के मंदिर जाली आ माता गौरी उनका के मन पसंद वर प्राप्त होखे के आसिरबाद देवेली।

एमे ग्राम प्रधान संतोष खरवार, कोषाध्यक्ष परवेज अंसारी, धनेश यादव, संतोष यादव, विवेक सिंह, राहुल यादव, कमलेश गुप्ता, बबून कुशवाहा, बृजनाथ शर्मा, जयनारायण, शुभम कुशवाहा, सतीश यादव, साधना गोंड, अंकिता खरवार, खुशी सिंह, रेखा सिंह आदि लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]