[the_ad_group id="30365"]

Deoria News: घरन पs विनोद गैंग के पोस्टर देख सहम गइले लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

भटनी दादन गांव में शुक के रात केहु कई घर पs गिरोह के नाम लिखल पोस्टर चिपका देलस। शनिचर के सबेरे जब लोग जागल तs पोस्टर देख के परेशान हो गईले। पुलिस सूचना ले पहुंचल अवुरी सीसीटीवी फुटेज के मदद से मामिला के जांच करतिया।

महुआडीह थाना क्षेत्र के भटनी दादन गांव में शनिचर के सबेरे जब लोग नींद खुलल तs देखले कि घर के बहरी दीवार पs विनोद गैंग लिखल पोस्टर चिपकल रहे। अधिकांश घर के अलावे गांव के मस्जिद पs पोस्टर भी चिपकल रहे। गांव के मुखिया तारिक खान हेतिमपुर पुलिस के ए मामला के जानकारी देले। सूचना मिलला के बाद पुलिस चौकी पs पहुंचल अवुरी मस्जिद में लागल सीसीटीवी कैमरा के मदद से फुटेज के विश्लेषण कईले। पुलिस कुछ पोस्टर अपना कब्जा में लेके मामिला के छानबीन में जुटल बिया। शुक के रात केहु पोस्टर चिपका देले बा। पोस्टर के चलते गांव के लोग कवनो अप्रिय घटना से डेरा गईल बाड़े।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]