Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Corona Alert: कोरोना के नया वैरिएंट से सतर्क रहला के जरूरत, बढ़त ममिलन के बीच सरकार लोगन से कइलस ई अपील

भारत एक बेर फेर से दुनिया के ओह पांच देसन में सामिल हो गइल बा, जहां एह दिनन सबसे जादे संक्रमण के ममिला सोझा आ रहल बा। आंकड़न पs नजर डालीं तs पिछला 24 घंटा के भीतर देस में कोरोना के रिकॉर्ड केस बढ़ल बा।

1,129

केंद्र सरकार देस में कोरोना के बढ़त ममिलन के बीच आम लोगन से जादे सतर्क रहे के कहले बिया। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के एगो शीर्ष अधिकारी सोमार के कहले कि कोरोना के नया वैरिएंट से खतरा कम बा। एकरा वजह से अस्पतालन में भर्ती होखे वाला मरीजन के संख्या बढ़ला के संभवनो कम बा। एह सबका बावजूदो लोगन के जादे सतर्क रहला के जरूरत बा। देस में कोरोना के ममिला बढ़ रहल बा, अइसन में हम लापरवाही नइखे बरत सकत।

एकरा के हल्का में नइखे लिहल जा सकत: मंत्रालय

अधिकारी कहलें कि कोरोना वायरस में म्यूटेशन होत रहेला। एह वजह से एकर नया-नया वैरिएंट सोझा आवत रहेला। अब ई एगो नया स्वरूप सामने आइल बा। एसे अस्पताल में मरीजन के संख्या ना बढ़ी, काहेकि एकरा से खतरा बहुते कम बा। बाकिर, हमनी के एकरा के हलुको नइखी ले सकत सs।

एक्सबीबी 1.16 स्वरूप के वजह से बढ़ल ममिला

उन्होंने कहा कि कोरोना वायरस के इस नए स्वरूप की प्रयोगशाला में जांच की गई है। इसका अध्ययन भी किया जा रहा है। उन्होंने कहा कि देश में कोविड-19 के मामलों के बढ़ने का कारण वायरस के एक्सबीबी 1.16 स्वरूप का प्रसार भी हो सकता है। नए स्वरूप से सावधान रहने की जरूरत है।

दुनिया के टॉप-5 संक्रमित देसन के सूची में पहुंचल भारत

भारत एक बेर फेर से दुनिया के ओह पांच देसन में सामिल हो गइल बा, जहां एह दिनन सबसे जादे संक्रमण के ममिला सामने आ रहल बा। आंकड़न पs नजर डालल जाव तs पिछला 24 घंटा के भीतर देस में कोरोना के रिकॉर्ड केस बढ़ल बा। एह बीच 3,641 लोग पॉजिटिव पावल गइल। एही के संगे सक्रिय ममिलन के संख्या बढ़के 20 हजार 219 हो गइल बा। केंद्रीय स्वास्थ मंत्रालय के मोताबिक, अतवार के संक्रमण के चपेट अइला से 11 लोगन के मौत हो गइल। एमे चार केरल, तीन महाराष्ट्र आ दिल्ली, कर्नाटक आउर राजस्थान से एक-एक मौत सामिल बा। एही के संगे कोरोना से जान गंवावे वालन के संख्या बढ़के पांच लाख 30 हजार 892 हो गइल बा।

worldometers के आंकड़न के मोताबिक, भारत एक बेर फेर से ओह पांच देसन के सूची में सामिल हो गइल बा, जहां सबसे जादे संक्रमित मिल रहल बा लो। अतवार के दक्षिण कोरिया में सबसे जादे 9724 लोग संक्रमित पावल गइल। दूसरका नंबर पs रूस में 9,591, जापान में 6290, फ्रांस में 6027 लोग संक्रमित मिलल, एकरा बाद भारत में 3,641 लोग संक्रमित पावल गइल।

501270cookie-checkCorona Alert: कोरोना के नया वैरिएंट से सतर्क रहला के जरूरत, बढ़त ममिलन के बीच सरकार लोगन से कइलस ई अपील

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.