[the_ad_group id="30365"]

पाठशाला के बना दिहल लोग मधुशाला, मिलल 52 पेटी अंग्रेजी शराब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सीमा से लागल गांव के विद्यालय के अतिरिक्त कक्ष से 52 पेट अंग्रेजी शराब मिलल बा। पाठशाला के मधुशाला बनावल गइले से लोग में नाराजगी बा। उहवें, बीएसए बतवलें कि विद्यालय के प्रधानाध्यापक के निलंबित कs दिहल गइल बा। मामिला के विभागीय जांच करावल जाई। जबकि प्रधानाध्यापक कमरा के चाबी ग्रामप्रधान के पास होखले के बात कहले बानें अउर ग्रामप्रधान एहसे इन्कार कइले बानें
जानकारी के अनुसार, तमकुहीराज थानाक्षेत्र के संविलियन विद्यालय मोहन बसडिला मुकुंदपुर के अतिरिक्त कक्ष से बुध के पुलिस अउर आबकारी विभाग के संयुक्त टीम 52 पेटी अंग्रेजी शराब बरामद कइलस। आशंका जतावल जा रहल बा कि शराब बिहार पहुंचावे खातिर रखल गइल रहे। बिहार में पूर्ण शराब बंदी लागू बा। एह वजह से सीमावर्ती क्षेत्र से शराब तस्करी के घटना आए दिन होत रहsला।

बतावल गइल कि विद्यालय परिसर में बचवे दूपहर में खेलत रहलें। कुछ लइके विद्यालय के बंद रहे वाले अतिरिक्त कक्ष के तरफ चल गइलें। लइके कमरे में शराब के गत्ता देख के हल्ला करे लगलें। ई बात गांव में भी फैल गइल। केहू एकर सूचना पुलिस के दे दीहल। कुछ ही देर में आबकारी विभाग के टीम के साथ तरयासुजान पुलिस पहुंच गइल पुलिस ताला खुलवाकर कमरा के तलाशी लीहलस त 52 पेटी अंग्रेजी शराब मिलल।
उहवें स्कूल के प्रधानाध्यापक जाहिदा बानो के कहनाम बा कि विद्यालय में कुछ निर्माण कार्य करावल गइल रहे। सामान रखे खातिर कक्ष के प्रयोग कइल जात रहल। एह कारण ओ कमरा के चाबी ग्राम प्रधान के लग्गे रहत रहे। जबकि ग्राम प्रधान ओमप्रकाश राय के कहनाम बा कि पांच-छह माह पहिले स्कूल में काम करावल गइल रहे। तब चाबी हमरे लगे रहल। अब काम खत्म हो गइल बा त चाबी वापस कs दीहले बानीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]