[the_ad_group id="30365"]

Nalanda Violence: इंटरनेट बहाल करे पs आज हो सकत बा फैसला, छठा दिन हालात सामान्य; लोगन के मिलल 8 घंटा के छूट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नालंदा में बीतल सुक के रामनवमी के अगिला दिन जुलूस के दौरान हिंसा के पांचवां दिन मंगर के इस्थिति एकदम समान्य लउकल। जिला प्रशासन अब तक 15 प्राथमिकी दर्ज कइला के संगे 130 उपद्रवियन के गिरफ्तार कs के जेल भेज देले बा। एसपी अशोक मिश्रा बतवलें कि छापेमारी लगातार जारी बा। धारा 144 के लेके जिला में इंटरनेट सेवा बंद बा। प्रशासन आज इंटरनेट सेवा बहाल करे पs फैसला कs सकत बा।

डीएम शशांक शुभंकर कहलें कि चार अप्रिल के बाद इंटरनेट सेवा बहाल करे पs कवनो निर्णय लिहल जाई। रिजल्ट के बाद कालेजन में नामांकन के प्रक्रिया सुरु होखे वाला बा। एकरा के लेके जल्दी से जल्दी फैसला लिहल जाई। फिलहाल अभी स्कूल आ कालेजन के बंद रखल गइल बा। जगह-जगह फोर्स के पर्याप्त संख्या में तैनाती कइल गइल बा। सांझ के पांच बजे के बाद प्रशासन सख्ती बढ़ा देलस। डीएम शशांक शुभंकर कहलें कि इस्थिति के देखत आगे निर्णय लिहल जाई।

ओहिजा, इस्थिति के नियंत्रण में देखत प्रशासन आम लोगन के आठ घंटा के छूट देले बा, जेमे लोग जरूरत के समान किने घरन से बाहर निकल सकत बा। प्रशासन के द्वारा सबेरे छव बजे से दुपहरिया दु बजे तक मिलल छूट के बाद बिहारशरीफ में मंगर के लोग घरन से बाहर निकलल आ खाना-पीना के अलावे आपन जरूरत के सामान किनल।

दूध, सब्जी आ फल के सबसे जादे भइल खरीदारी

बिहारशरीफ में खंदक के रहनिहार सरोज कुमार बतवलें कि दुकान बंद रहला के कारण बहुत परेसानी होत रहे। राशन खतम हो चुकल रहे। महलपर निवासी मो.एयाज बतवलें कि रोजा के कारण बहुते परेसानी होत रहे। फल आ दूध के सबसे जादे जरूरत रहे। जिला प्रशासन के धन्यवाद, जे आठ घंटा के छूट देलस।

सबेरे 6 बजे से दुपहरिया दु बजे तक सब दुकानन के खोले के निरदेस दिहल गइल बा। सबेरे के नजारा देखके केहू नइखे कह सकत कि तीन दिन पहिले ई शहर केतना तबाही देखले रहे। ऊपर से लोगन के आत्मविश्वास के मजबूत करे के इरादा से जगह-जगह सद्भावना मार्च निकालल जा रहल बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]