[the_ad_group id="30365"]

पेटीएम ग्रुप एडवाइजरी कमेटी बनवलस : पूर्व सेबी चीफ एम. दामोदरन कमेटी के करिहें अध्यक्षता; कंप्लायंस आ रेगुलेटरी ममिलन पs होई काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पेटीएम पेमेंट्स बैंक लिमिटेड (PPBL) के पेरेंट कंपनी वन-97 कम्युनिकेशंस (OCL) के बोर्ड सुक के एगो ग्रुप एडवाइजरी कमेटी बनवले बिया। कंपनी एह बात के जानकारी BSE-NSE के देले बिया।

पूर्व सेबी चीफ एम. दामोदरन कमेटी के अध्यक्षता करिहें 

कंपनी बतवलस कि कंप्लायंस आ रेगुलेटरी ममिलन के आउर मजबूत करे में बोर्ड के संगे काम करे खातिर ग्रुप एडवाइजरी कमेटी के गठन कइल गइल बा। पूर्व सेबी चीफ एम. दामोदरन एह कमेटी के अध्यक्षता करिहें।

कमेटी में मुकुंद मनोहर चितले जइसन अनुभवी प्रोफेशनल्स सामिल

वन-97 कम्युनिकेशंस बतवलें कि एह कमेटी में इंस्टीट्यूट ऑफ चार्टर्ड अकाउंटेंट्स ऑफ इंडिया (ICAI) के पूर्व प्रेसिडेंट मुकुंद मनोहर चितले जइसन अनुभवी प्रोफेशनल्स सामिल बाड़ें, इनका के RBI नॉमिनेट कइले रहे चितले बैंकिंग कोड्स एंड स्टैंडर्ड्स बोर्ड ऑफ इंडिया (NACAS) के पूर्व गवर्निंग काउंसिल मेंबरो रहल बाड़ें।

चितले के अलावा, पैनल में आंध्रा बैंक के पूर्व चेयरमैन आ मैनेजिंग डायरेक्टर आर.रामचंद्रन जइसन बैंकिंग एक्सपर्ट्स सामिल बा लो। RBI 31 जनवरी के प्रूडेंशियल रेगुलेशन माने नियमन के लमहर समय तक अनुपालन ना करे हवाला देत पेटीएम पेमेंट्स बैंक पs बड़ बिजनेस रिस्ट्रिक्शंस माने प्रतिबंध लगवले बा। ह

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]