[the_ad_group id="30365"]

Paytm Crisis: चलत रही पेटीएम के क्यूआर कोड, साउंड बॉक्स आ कार्ड मशीन, आरबीआई लगऽवलस मोहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

RBI FAQ: आरबीआई जारी कइलखs एफएक्यू से स्थिति साफ हो गइलऽ बा । वन 97 कम्युनिकेशंस नोडल अकाउंट एक्सिस बैंक के दे देवेलऽ गइलऽ बा , ताकि मर्चेंट्स के पेमेंट में कवनो दिक्कत ना आए।

RBI FAQ: रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया (RBI) संकट में चल रहलऽ पेटीएम के राहत देत स्पष्ट कइलखs कि कंपनी के क्यूआर कोड, साउंड बॉक्स आ कार्ड मशीन बिना कवनो समस्या के काम करतs रही पेटीएम पेमेंट्स बैंक (Paytm Payments Bank) के खिलाफ आरबीआई के कार्रवाई के बाद पेटीएम (Paytm) के इ सर्विस के लेकर मार्केट में अफवाह के बाजार गर्म रहे । पेटीएम के पैरेंट कंपनी वन 97 कम्युनिकेशंस (One 97 Communications)मर्चेंट्स के कवनो समस्या से बचावे खातिर आपन नोडल अकाउंट एक्सिस बैंक (Axis Bank) के दे देले बा । एकरे खातिर एगो एस्क्रो अकाउंट खोललऽ जाई। जानकारी के अनुसार, वन 97 कम्युनिकेशंस के सब्सिडरी पेटीएम पेमेंट सर्विसेज (PPSL) पहिले से एक्सिस बैंक के संगे काम करतs रहे ।

आरबीआई के जारी कइलऽ एफएक्यू से स्थिति भइलs स्पष्ट 

आरबीआई के गवर्नर शक्तिकांत दास हाले मे कहले रहन कि उऽ पेमेंट्स बैंक के खिलाफ कइलऽ गइलऽ कार्रवाई के रिव्यु ना करिहें हालांकि, केंद्रीय बैंक ,बैंक के राहत देत डिपॉजिट लेवे पs रोक के आखिरी तारीख 29 फरवरी से बढ़ाइ के 15 मार्च करs देले बा । संगे कस्टमर्स के हो रहल समस्या ले हल निकाले खातिर एफएक्यू (Frequently Asked Questions) भी जारी कइले बा । एह से साफ हो गइलऽ बा कि पेटीएम के मर्चेंट पेमेंट सर्विसेज 15 मार्च के बादो चलतs रही।

एक्सचेंज फाइलिंग में फिनटेक कंपनी देलखऽ जानकारी।

फिनटेक कंपनी एक्सचेंज फाइलिंग में बतावलखऽ कि मर्चेंट्स के क्यूआर कोड, साउंड बॉक्स आ कार्ड मशीन बिना कवनो बाधा के चलतs रही। मर्चेंट सेटेलमेंट में कवनो समस्या ना आवे एकरे खातिर एक्सिस बैंक के संगे टाई अप कर लेले बा ।

नोटबंदी के बाद पेटीएम के भइलs रहे बड़हन लाभ

देश में क्यूआर आ मोबाइल पेमेंट्स सेक्टर में पेटीएम एगो दिग्गज कंपनी बन चुकलs रहे । नोटबंदी के बाद पेटीएम के एह सेक्टर में बड़ लाभ भइलs । कंपनी करोड़ों मर्चेंट्स के साथ पार्टनरशिप कइके डिजिटल पेमेंट के एगो बड़हन नेटवर्क खड़ा कर लेले रहे । एकरे संगे छोट से लेके बड़ सबऽ तरह के कस्टमर जुड़लऽ रहले बाकी , आरबीआई द्वारा पेटीएम पेमेंट्स बैंक के खिलाफ के कइलऽ गइलऽ कार्रवाई से ओकरा बड़हन झटका लागलs बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]