[the_ad_group id="30365"]

पटना विश्वविद्यालय के पीजी में नामांकन के बढ़ल तारीख: अब 18 जुलाई तs कs सकत बानी ऑनलाइन आवेदन, 1100 लागी शुल्क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना विश्वविद्यालय पीजी नामांकन खातिर आवेदन के तारीख के आगे बढ़ा दिहल गइल बा। अब छात्र- छात्रा लोगन के 20 जुलाई तक नामांकन खातिर आवेदन कs सकत बा लो। ओहिजा, वोकेशनल पीजी कोर्स, एमएड, एलएलएम, एलएलबी, एमलिब में नामांकन खातिर 18 जुलाई तक नामांकन के तिथि रहे। जवना के अब दु दिन आउर बढ़ाके 20 जुलाई कs दिहल गइल बा। स्टूडेंट्स वेलफेयर डीन प्रोफेसर अनिल कुमार बतवलें कि पीजी में 4000 से जादे आवेदन आइल बा।

1100 रुपिया बा आवेदन शुल्क

इच्छुक विद्यार्थी पटना विश्वविद्यालय के वेबसाइट pup.ac.in पs जाकर दिहल गइल लिंक पs क्लिक कs के आवेदन कs सकत बा लो। हर आवेदन खातिर 1100 रुपिया शुल्क रखल गइल बा। आवेदकन के ऑनलाइन आवेदन करत घरी आवेदन शुल्क ऑनलाइन जमा करे के होई।

पीयू के विज्ञान, समाजिक विज्ञान आ मानविकी संकाय के सब विषयन में रेगुलर प्रोग्राम आ वोकेशनल कोर्स में एडमिशन खातिर 3901 आवेदन आइल बा। विश्वविद्यालय में पीजी के अलग-अलग कोर्सन में 1803 स्वीकृत सीट बा।

एह प्रमुख कोर्सन में बा एतना सीट

पटना यूनिवर्सिटी में एलएलएम में 20, इकोनोमिक्स में 140, हिंदी में 80, संस्कृत में 40, हिस्ट्री में 120, सोशियोलॉजी में 100, होम साइंस में 60, उर्दू में 40, मैथिली में 30, एमकॉम में 200, पर्शियन में 18, एमएड में 50, इंग्लिश में 70, फिलॉस्फी में 80, बॉटनी में 32, पॉलिटिकल साइंस में 82, केमिस्ट्री में 64, ज्योग्राफी में 84, साइकोलॉजी में 84, जियोलॉजी में 35, एंसिएंट हिस्ट्री एंड आर्कियोलॉजी में 80, अरेबिक में 18, बंगाली में 20, मैथमेटिक्स में 60, फिजिक्स में 50, स्टेटिस्टिक्स में 36, जूलॉजी में 40, पीएमआईआर में 50 आ पीजी डिप्लोमा इन एडमिनिस्ट्रेशन में 20 सीट बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]