Patna: बेउर जेल के कुख्यात कैदी PMCH से फरार, दू गो पुलिसकर्मी गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 4, 2024

Patna News: बेउर जेल के कैदी देर रात पीएमसीएच से भाग गइल। एह मामिला में दू गो पुलिसकर्मी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। आठ गो पुलिसकर्मी के निलंबित कऽ दिहल गइल बा। पुलिस विभाग

Share

Jail image

Patna News: बेउर जेल के कैदी देर रात पीएमसीएच से भाग गइल। एह मामिला में दू गो पुलिसकर्मी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। आठ गो पुलिसकर्मी के निलंबित कऽ दिहल गइल बा। पुलिस विभाग में ए मामला के लेके हलचल मच गइल। देर रात अस्पताल से लेके पूरा शहर तक छापामारी जारी रहल बाकिर कवनो फायदा ना भइल।

सोना डकैती समेत कई गो मामिला में डकैती, डाकू आ हथियार कानून के आरोपी राजकुमार कुमार उर्फ अभिजीत कुमार सोमार के देर रात पीएमसीएच से भाग गइल। बेउर जेल से इलाज खाती पीएमसीएच भेजल गइल रहे।

एह मामिला में सिपाही रंजन कुमार पासवान आ हवलदार सुबोध पासवान के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा। एह लोग के समेत आठ गो पुलिसकर्मी के निलंबित कर दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.