[the_ad_group id="30365"]

Patna News: चंदा मांगला पऽ व्यवसायी फेंकलस तेजाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Patna News: राजधानी पटना से सटल पटना सिटी में चंदा मांगे वाला लोग पऽ एगो व्यापारी तेजाब फेंक दिहलस। एकरा चलते दु जाना घायल हो चुकल बाड़े। इ मामला खाजेकलां थाना क्षेत्र के लोदी कटरा के लगे के बा। घटना के बारे में स्थानीय लोग बतवले कि कुछ लोग एगो गहना के दोकान में चंदा मांगे आइल रहले गहना व्यापारी चंदा देवे से इनकार कऽ देले। एकरा चलते दोकानदार अउरी चंदा मांगे जाए वाला लोग के बीच विवाद हो गइल। खिसियाइल सोना के कारोबारी चंदा मांगे आइल युवक पऽ तेजाब फेंक दिहलस। एकरा चलते दु लोग घायल हो गइले।

मामला के जानकारी मिलला पऽ पुलिस तुरंत घटना स्थल पऽ पहुंचल आ दुनो घाही युवक के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करवलस। इहाँ पुलिस सोना के कारोबारी के हिरासत में लेके पूछताछ करतिया। पास के लोग के कहनाम बा कि सोना के कारोबारी खड़ा स्कूटर में आग लगा देले बाड़े।

खाजेकलां थाना प्रभारी प्रभात रंजन के कहनाम बा कि दुनो लोग के बीच चंदा मांगे के लेके विवाद भइल रहे। जवना में दुकानदार के ज्वलनशील पदार्थ एसिड फेंके के मामला सामने आ रहल बा। एमें दू गो नवहा घायल हो गइल बाड़े। जेकरा के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। जबकि आरोपी के हिरासत में लिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]