[the_ad_group id="30365"]

पटना में मुंबई जइसन लउकी नजारा: जेपी गंगा पथ पs सरपट दउरी गाड़ी, बियफे के सीएम नीतीश करिहें लोकार्पण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मंत्री नवीन बतवले कि सीएम नीतीश कुमार 24 जून के साँझ 4.30 बजे एकर उद्घाटन करिहें। मुंबई के तर्ज पs पटना में गंगा किनारे बन रहल जेपी गंगा पथ के पहिला फेज के काम पूरा हो गइल बा। दीघा से पीएमसीएच तक बनल एह सड़क के लंबाई 7.4 किलोमीटर बा। एमे 6.5 किमी में 13 मीटर ऊंचाई ले रोड के निर्माण बांध बनाके कइल गइल बा। संगही गंगा चैनल के हिस्सन में बड़-बड़ पुल के निर्माण कs के जेपी गंगा पथ तइयार कइल गइल बा।

मंत्री नितिन नवीन मंगर के वरिष्ठ अधिकारियन के साथे जेपी गंगा पथ आ अटल पथ फेज-2 परियोजना के जायजा लेले। जेपी गंगा पथ सुरु होखला के बाद जेपी गंगा पथ से एएन सिन्हा संस्‍थान के लगे सम्‍पर्क पथ के जरिए अशोक राजपथ आ पीएमसीएच तक गाड़ी सरपट दउरी। एह रोड से आवे वाला वाहन सीधे पीएमसीएच अस्पताल में प्रवेश कs सकी। खास बात ई बा कि पैदल राहगिरन खातिर एह पs अलग से बेवस्था कइल गइल बा। एह इस सड़क पs लगभग 5 मीटर चौड़ा पैदल पथ के निर्माण कइल गइल बा।

ओहिजा, अटल पथ के पहिला चरण में आर ब्‍लॉक से दीघा तक के काम पहिलही पूरा हो चुकल बा, एकर उद्घाटन 15 जनवरी 2021 के भइल रहे। अब दूसरा चरण में दीघा से जेपी गंगा पथ तक के निर्माण पूरा हो गइल बा। एह चरण के लागत 70 करोड़ रुपिया बा। एकरा सुरु होखला से अटल पथ से जेपी गंगा पथ होते जेपी सेतु पार कइल जा सकी। लमसम 1.30 किलोमीटर लमहर फोरलेन रोड के निर्माण कs के एकरा के जेपी गंगा पथ के दीघा छोर पs रोटरी से जोड़ दिहल गइल बा। एकरा शुरू होखला से वाहन चालक नेहरू पथ से सीधे जेपी गंगा पथ पर आ-जा सकी लो। संगही पटना से उत्तर बिहार कावर आइल-जाइल अउरियो आसान हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]