[the_ad_group id="30365"]

पटना : बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट परीक्षा के चउथा दिन आज: पहिला पारी में इंग्लिश तs दूसरका में हिंदी के परीक्षा, अभी ले 135 छात्र निष्कासित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट परीक्षा के आज चउथा दिन बा। पहिला पारी में आज विज्ञान आ वाणिज्य संकाय के परीक्षार्थियन खातिर अंग्रेजी विषय के परीक्षा सबेरे 09:30 बजे से दुपहरिया 12:45 बजे तक आयोजित होई। ओहिजा, दूसरका पारी में कला संकाय आ वोकेशनल कोर्स के परीक्षार्थियन खातिर हिन्दी विषय के परीक्षा आयोजित कइल जाई। दुसरका पारी के परीक्षा दुपहरिया 02:00 बजे से सांझ 05:15 बजे तक चली।

135 विद्यार्थियन के कइल जा चुकल बा निष्कासित

बिहार बोर्ड के तरफ से नकल करत पहिला दिन 51, दूसरका दिन 39 आ तीसरका दिन 45 विद्यार्थियन के निष्कासित कइल गइल रहे। कुल मिलाके अभी ले 135 विद्यार्थियन के निष्कासित कइल जा चुकल बा।

1,523 केंद्रन पs हो रहल परीक्षा

एह साल 12वीं के परीक्षा राज्य भर के 1,523 परीक्षा केंद्रन पs आयोजित कइल जा रहल बा। बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के मोताबिक बिहार बोर्ड परीक्षा में 6,26,431 लईकी आ 6,77,921 लईका सामिल होई लो।

सुरक्षा खातिर कइल गइल पुख्ता इंतजाम

जिला प्रशासन कदाचार मुक्त परीक्षा खातिर 150 मजिस्ट्रेट के संगे 1500 से जादे पुलिस जवान के तैनात कइले बा। पटना शहर में इस्थित सदर अनुमंडल में 37, पटना सिटी में 13, दानापुर में 12, बाढ़ में सात , मसौढ़ी में पांच आ पालीगंज में चार गो  परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा।

डीएम शीर्षत कपिल अशोक के निरदेस पs पटना सदर अनुमंडल में 81 स्टेटिक मजिस्ट्रेट, 12 गश्ती मजिस्ट्रेट, छव गो जोनल मजिस्ट्रेट-सह- उड़नदस्ता पदाधिकारियन के संगे चार गो सुपर जोनल मजिस्ट्रेट आ पुलिस पदाधिकारी आउर पर्याप्त संख्या में पुलिसकर्मियन के प्रतिनियुक्ति कइल गइल बा। परीक्षार्थियन के कवनो परेसानी होखला पs ऊ जिला नियंत्रण कक्ष 0612-2219810/2219234, पुलिस नियंत्रण कक्ष 9470001389, डायल-100 पs कॉल कs सकत बा लो।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]