[the_ad_group id="30365"]

बिहार के गांवन में लागल खंभन पर जर रहल बल्ब के शुल्क मुखिया से वसूली बिजली कंपनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजली कंपनी गांवन में खंभन पs जर रहल बल्ब के राशि मुखिया से वसूल करी। साउथ बिहार पावर डिस्ट्रीब्यूशन कंपनी के महाप्रबंधक राजस्व अरविंद कुमार बतवलें कि गांवन में बिजली के कैंप लाग रहल बा। निरदेस दिहल गइल बा कि गांवन में खंभन पs जरे वाला बल्ब के आकलन कइल जाव।

पंचायतीराज विभाग से एकर राशि लिहल जाई। प्रत्येक पंचायत के मुखिया बिजली बिल जमा करी लो। कवनो गांव में अवैध तरीका से बिजली के खंभन पs बल्ब जरावे के अनुमति ना दिहल जाई। महाप्रबंधक बतवलें कि किसान कृषि फीडर खातिर आवेदन देवे लो।

गांव में जवन लोग बिजली कनेक्शन नइखे लेले, ओह लो के आवेदन लेवे के बा। विद्युत प्रशाखा के स्तर पs गांव-गांव में लागे वाला प्रत्येक कैंप में एगो पदाधिकारी के मवजूद रहल सुनिश्चित कs दिहल गइल बा। प्रशाखा में एक से बेसी गांव में कैंप लगला के इस्थिति में एक स्थान पs कनीय विद्युत अभियंता, दूसरा स्थान पs एआइटीएम, तीसरा स्थान पs कनीय अभियंता राजस्व रही लो।

तीन से अधिक स्थान पs कैंप लगला पर असैनिक, मानव संसाधन, कार्मिक के कर्मी नेतृत्व करेंगे। कैंप के मुख्य उद्देश्य अधिकाधिक राजस्व वसूली बा। नया कनेक्शन खातिर आवेदन लेवे के बा। विद्युत विपत्र शुद्धिकरण, मीटर के इस्थिति के जांच आ ओकर विपत्रीकरण आ गांव में लागल स्ट्रीट लाइट के विपत्रीकरण कइल जाई। कैंप आयोजन के व्यापक पैमाने पs प्रचार-प्रसार कइल जा रहल बा। गांव में लगला वाला कैंप के तिथि निर्धारित कs के मुख्यालय के उपलब्ध करावे के निरदेस दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]