[the_ad_group id="30365"]

पाटलिपुत्र-गोरखपुर एक्सप्रेस अब श्यामकौड़िया रेलवे स्टेशनो पs रुकी, जनार्दन सिंह सिग्रीवाल हरियर झंडी देखा कs के करिहें रवाना!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण (बिहार): यात्रियन के सुविधा खातिर रेलवे प्रशासन द्वारा यात्री जनता के सुविधा ला गाड़ी सं० 15079/15080 गोरखपुर-पाटलिपुत्र-गोरखपुर एक्सप्रेस के छपरा-थावे रेल खण्ड पs पड़े वाला श्यामकौड़िया रेलवे स्टेशन पs दु मिनट के ठहराव के स्वीकृति प्रदान कइल गइल बा। जवना के मोताबिक 10 जून, 2023 से श्यामकौड़िया स्टेशन पs गाड़ी सं० 15080 गोरखपुर- पाटलिपुत्र एक्सप्रेस गाड़ी 08:29 बजे पहुंचके दु मिनट के ठहराव लेके 08:31 बजे पाटलिपुत्र खातिर प्रस्थान करी। एही प्रकार गाड़ी सं० 15079 पाटलिपुत्र – गोरखपुर एक्सप्रेस गाड़ी श्यामकौड़िया स्टेशन पs 18:15 बजे पहुंचके दु मिनट के ठहराव लेके 18:17 बजे गोरखपुर खातिर प्रस्थान करी।

गोरखपुर-पाटलिपुत्र एक्सप्रेस ट्रेन के ठहराव के सुभारंभ माननीय सांसद श्री जनार्दन सिंह सिग्रीवाल श्यामकौड़िया स्टेशन से 10 जून, 2023 के गाड़ी सं० 15080 गोरखपुर-पाटलिपुत्र एक्सप्रेस गाड़ी के 08:31 बजे हरी झण्डी दिखाके करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]