[the_ad_group id="30365"]

बाबा रामदेव के टूथपेस्ट, तेल, साबुन, शैम्पू के बिजनेस के बिके के तैयारी में! जानीं के बा खरीदार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बाबा रामदेव के कंपनी पतंजलि आयुर्वेद लिमिटेड आपन नॉन-फूड बिजनेस बेचे के तइयारी में लागल बिया। एहमें टूथपेस्ट, तेल, साबुन आ शैम्पू के कारोबार शामिल बा। बाबा रामदेव के खुद के सूचीबद्ध कंपनी पतंजलि फूड्स लिमिटेड के एकरा के खरीदे के प्रस्ताव दिहल गईल बा। शेयर बाजार के दिहल जानकारी में कंपनी पतंजलि आयुर्वेद लिमिटेड के नॉन-फूड बिजनेस के बिक्री के संबंध में चिट्ठी मिलल बा। कंपनी के बोर्ड 26 अप्रैल के एs प्रस्ताव पs चर्चा कईले रहे। पतंजलि आयुर्वेद के स्थापना बाबा रामदेव कइले रहले। उs कंपनी के प्रमोटर बाड़े जबकि आचार्य बालकृष्ण एकर एमडी बाड़े। प्रमोटर समूह के कुल कारोबार के 50 प्रतिशत से जादा हिस्सा नॉन-फूड बिजनेस के बा। पतंजलि फूड्स लिमिटेड के कहना बा कि ऊ एह प्रस्ताव के मूल्यांकन खातिर सैद्धांतिक मंजूरी दे दिहले बिया।

लिमिटेड के पहिले रुचि सोया इंडस्ट्रीज के नाम से जानल जात रहे। साल 2019 में बाबा रामदेव के कंपनी पतंजलि आयुर्वेद इनसॉल्वेंसी प्रक्रिया में एकरा के 4350 करोड़ रुपिया में खरीदले रहे। जून 2022 में कंपनी के नाम बदल के पतंजलि फूड्स लिमिटेड कs दिहल गईल। मई 2021 में इs कंपनी पतंजलि बिस्कुट प्राइवेट लिमिटेड के 60.03 करोड़ रुपिया में खरीदले रहे। एकरा बाद जून 2021 में पतंजलि आयुर्वेद के नूडल्स अवुरी नाश्ता के अनाज के कारोबार 3.50 करोड़ रुपिया में खरीदलस। मई 2022 में पतंजलि फूड्स पतंजलि आयुर्वेद लिमिटेड के खाद्य व्यवसाय 690 करोड़ रुपिया में खरीदले रहे।

पतंजलि फूड्स के बिजनेस

पतंजलि फूड्स एगो रेगुलेटरी फाइलिंग में कहलस कि पतंजलि आयुर्वेद के इs प्रस्ताव कंपनी के उत्पाद पोर्टफोलियो से मेल खाता अवुरी कंपनी के राजस्व अवुरी ईबीआईटीडीए के बढ़ोतरी में महत्वपूर्ण भूमिका निभा सकता। पतंजलि फूड्स लिमिटेड देश के टॉप एफएमसीजी कंपनी में शामिल बा। खाद्य तेल के अलावा कंपनी के बिजनेस फूड एंड एफएमसीजी अवुरी विंड जेनरेशन सेगमेंट में भी फैलल बा। एकरा पोर्टफोलियो में पतंजलि, रुचि गोल्ड अवुरी न्यूटेला जईसन ब्रांड शामिल बा। पतंजलि आयुर्वेद हाल ही में खबर में आइल रहे। सुप्रीम कोर्ट बाबा रामदेव अवुरी बालकृष्ण के भ्रामक विज्ञापन खातीर फटकरले रहे। दुनो लोग एकरा खातीर सार्वजनिक तौर पs माफी भी मंगले रहले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]