Gorakhpur News: कैंट स्टेशन से निकल के सीधा कसया रोड पs पहुंचीहें यात्री, बनी ओवरब्रिज

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 24, 2023

  कैंट क्रासिंग पs बने वाला ओवरब्रिज एल आकार के होई। मतलब रेलवे स्टेशन के गेट से शुरू होके ओवरब्रिज क्रासिंग पार कs के कसया रोड से जुड़ जाई। रेलवे स्टेशन पs आवे वाला यात्री

Share

 

कैंट क्रासिंग पs बने वाला ओवरब्रिज एल आकार के होई। मतलब रेलवे स्टेशन के गेट से शुरू होके ओवरब्रिज क्रासिंग पार कs के कसया रोड से जुड़ जाई। रेलवे स्टेशन पs आवे वाला यात्री कसया रोड से सीधे स्टेशन के प्लेटफार्म नम्बर एक गेट पs चहुँप जइहें। एकरा से पहिले यात्रियन के दूसरा प्रवेश के माध्यम से परिवहन के सुविधा भी मिली। एकरा खातिर भी जमीन के हस्तांतरण जल्दिए हो सकता। ओवरब्रिज बनावे खातीर करीब 70 करोड़ रुपिया के डीपीआर तैयार कईल जाता।

कैंट क्रासिंग पs पहिलही से जाम के समस्या बा। अब एह स्टेशन के विस्तार कइल जा रहल बा। अब इहाँ कुल नौ लाइन बा, जवना के पार करे में पैदल चले वाला लोग के दिक्कत होखता। प्लेटफार्म नंबर एक के अंत भी क्रॉसिंग के नजदीक बा। कैंट स्टेशन से लाइन छपरा आ नरकटियागंज खातिर अलग हो जाले। एकरा चलते पटरी पs भारी संख्या में गाड़ी के चलते इ क्रासिंग सुबह अवुरी सांझ के लंबा समय ले बंद रहेला।

भविष्य में एह स्टेशन के सैटेलाइट स्टेशन के रूप में भी विकसित करे के बा। अइसना में क्रासिंग बंद करे के पड़ी। एकरा के देखत रेल प्रशासन इहाँ ओवरब्रिज बनावल चाहता। कई साल से जवन प्रयास चल रहल बा ओकरा दु महीना पहिले सफलता मिलल रहे। एकरा बाद विस्तृत परियोजना रिपोर्ट तैयार करे के काम शुरू भईल।

वर्तमान प्रस्ताव के मुताबिक रेलवे स्टेशन के प्रवेश द्वार से शुरू होके इ ओवरब्रिज कैंट क्रासिंग के पार कs के काश्या रोड के लगे उतरी। एप्रोच रोड कसया रोड से शुरू होई।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.