[the_ad_group id="30365"]

टूटल पहिया पs 15 किमी दउरल पवन एक्सप्रेस: यात्री लोग चेन पुलिंग कs के रोकल ट्रेन, बड़ रेल हादसा टलल; 4 घंटा से फंसल बा लो यात्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाजीपुर(वैशाली): दरभंगा से मुजफ्फरपुर होत मुंबई जाये वाली पवन एक्सप्रेस 15 किलोमीटर तक टूटल पहिया पs दउड़त रहल। यात्री लोग सूझबूझ देखावत चेन पुलिंग कs के गाड़ी रोकल। एसे बड़ रेल हादसा टल गइल। अभी ट्रेन मुजफ्फपुर-हाजीपुर के बीच इस्थित भगवानपुर स्टेशन के आगे 4 घंटा से रुकल बिया।

यात्री लोग बतावल कि मुजफ्फरपुर से सांझ 5:36 बजे ट्रेन खुलल रहे। उहवें से धीरे-धीरे अजीब तरे से आवाज आवे लागल रहे। गोरौल स्टेशन से गाड़ी आगे बढ़ल तs ट्रेन के स्पीड के संगे आवाज जादे होखे लागल। भगवानपुर स्टेशन पs सांझ 5:52 बजे ट्रेन रुकल। उतरके देखल लो तs पहिया टूटल दिखल।

यात्री एकर सूचना गार्ड के देवे जात रहे लो… तबे ट्रेन खुल गइल। यात्रियन में अफरा-तफरी के माहौल बन गइल। फेर यात्री लोग अपना सूझबूझ से चेन पुलिंग कइल आ घटना के जानकारी लोको पायलट के दिहल। लोको पायलट एकर सूचना कंट्रोल रूम के देलें। एकरा बाद रेलवे के कइयन अधिकारी मवका पs पहुंच गइल लो आ पहिया के ठीक करे में जुट गइल लो। ट्रेन अभियो ओहिजा रुकल बिया।

घटना के जानकारी देत यात्री।

एस- 11 बोगी के टूटल रहे पहिया

यात्री लोग बतावल कि ट्रेन के भगवानपुर स्टेशन पs रुकतही हमनी सभे आवाज कहां से आवत रहे ई देखे लगनी सs। कुछ देर बाद एस-11 बोगी के एगो पहिया टूटा दिखल। पहिया बुरा तरे से टूटल रहे। ओहिजा से आवाज आवत रहे। एकर सूचना देवे खातिर गार्ड के लगे जात रहनी सs। तबे गाड़ी खुल गइल।

का कहत बाड़ें सहायक स्टेशन मास्टर

भगवानपुर सहायक स्टेशन मास्टर गुड्डू बतवलें कि रेल के पहिया टूटला के जानकारी मिलतही रेल मंडल के कंट्रोल के सूचना दिहल गइल। एकरा बाद सोनपुर रेलमंडल के डीसीआई अशोक कुमार यादव मवका पs पहुंचके जांच मे जुटल बाड़ें। पवन एक्सप्रेस 11062 के बोगी संख्या एस-11 कोच के काट के हटावल जा रहल बा। एकरा बदला में दूसर कोच जोड़ के ट्रेन के रवाना कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]